[the_ad_group id="30365"]

Passport Portal Shut: ऑनलाइन पासपोर्ट पोर्टल पांच दिन खातिर बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगिला पांच दिन तक ऑनलाइन पासपोर्ट पोर्टल पs कवनो काम ना होई। एह दौरान जारी सब नियुक्ति के फेर से तय कर दिहल जाई । सरकार के कहनाम बा कि पासपोर्ट आवेदन के ऑनलाइन पोर्टल रखरखाव के प्रक्रिया के चलते अगिला पांच दिन तक बंद रही। एह दौरान कवनो नया नियुक्ति ना तय कइल जा सके। एकरा संगे पहिले से बुक भइल अपॉइंटमेंट के फेर से तय कइल जाई।

Passport

पासपोर्ट सेवा पोर्टल पs जारी नोट

पासपोर्ट सेवा पोर्टल पs जारी एगो नोट में कहल गइल कि, ‘पासपोर्ट सेवा पोर्टल 29 अगस्त 2024 गुरुवार के रात 8 बजे से सोमवार 2 सितंबर के सबेरे 6 बजे तक तकनीकी रखरखाव खाती बंद रही।’ एह नागरिकन आ सब एमईए/आरपीओ/बीओआई/आईएसपी/डीओपी/पुलिस अधिकारी खातिर ई सिस्टम उपलब्ध ना होखी। 30 अगस्त 2024 खातिर पहिलहीं से बुक भइल अपॉइंटमेंट के फेर से तय कर दिहल जाई । आवेदकन के एह बारे में बहुते पहिले से जानकारी दिहल जाई।

विदेश मंत्रालय का कहलस?

ए मामिला में विदेश मंत्रालय कहलस कि इ एगो आम आ नियमित प्रक्रिया हs। हमनी के हमेशा अपॉइंटमेंट के रिशेड्यूलिंग खातिर आकस्मिक योजना होखेला। सार्वजनिक केंद्रित सेवा (जइसे कि पासपोर्ट सेवा केंद्र) खातिर, रखरखाव के योजना हमेशा पहिले से बनावल जाला ताकि जनता के असुविधा ना होखे। एहसे नियुक्ति के फेर से तय करे में कवनो दिक्कत ना होई

पासपोर्ट सेवा पोर्टल कइसे काम करेला?

नया पासपोर्ट खातिर आवेदन कइल भा पासपोर्ट के नवीकरण पासपोर्ट सेवा पोर्टल का माध्यम से कइल जाला। एकरा पs देश भर के केंद्र पs अपॉइंटमेंट बुक कइल जाला। आवेदन कइला के बाद अपॉइंटमेंट लिहल जाला। आवेदक के नियुक्ति के दिन पासपोर्ट केंद्र पs पहुंचे के होई। इहाँ ऊ लोग आपन दस्तावेज सत्यापन खातीर पेश करेले। एकरा बाद पुलिस सत्यापन होखेला आ ओकरा बाद पासपोर्ट आवेदक के पता पs पहुंच जाला। आवेदक रेगुलर मोड के विकल्प चुन सकेलें, जवना में पासपोर्ट आवेदक के लगे 30-45 कामकाजी दिन में पहुंच जाला। एकरा अलावे तत्काल मोड के विकल्प भी बा, जवना में आवेदक के कुछ दिन में मिल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]