Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सुनवाई आजु: ज्ञानवापी के तरे बदायूं क जामा मस्जिद पर भी विवाद, नीलकंठ महादेव मंदिर होखले के दावा

223

बदायूं के जामा मस्जिद के मामला ज्ञानवापी के तरह चर्चित होत जा रहल बा। मामिला के सुनवाई आजु होई। एसेसे पहिले दूनों पक्ष अपने-अपने तैयारी में जुट गइल बा। जहां वादी अउरी अधिवक्ता आपन पक्ष मजबूत करे के कोशिश में लागल बानें त उहवें इंतजामिया कमेटी मुकदमा निरस्त करावे के कोशिश में बा।

दूनों पक्ष आज बिहाने करीब साढ़े दस बजे न्यायालय पहुंची अउर फिर न्यायाधीश के सामने आपन-लापन पक्ष रखी। जहां अखिल भारत हिंदू महासभा के ओर से तमाम सुबूत दाखिल कइल जा चुकल बा, त उहवें इंतजामिया कमेटी भी आपन जवाब तैयार कs लिहले बा। सुनवाई के ले के पुलिस अउरी प्रशासन भी अलर्ट मोड पर बा। सुरक्षा के भी पुख्ता इंतजाम कइल जा रहल बा।

2 सितंबर के सिविल जज सीनियर डिवीजन ले अदालत में नीलकंठ महादेव के ओर से मुकदमा दायर करावल गइल रहे। न्यायालय मामला के सुनवाई करत इंतजामिया कमेटी समेत छह प्रतिवादियन के नोटिस भेजले रहे। अगिला सुनवाई खातिर पंद्रह सितंबर तारीख लगावल गइल रहे।

इंतजामिया कमेटी एकर नोटिस मिलले के बाद जवाब देवे के तैयारी कइलस। बतावल जा रहल बा कि वादी पक्ष के पास सुबूत के तौर पर तमाम सरकारी किताब में लिखल इतिहास, गजेटियर, नक्शा अउरी इंतखाब आदि बा।

वादी पक्ष के दावा बा कि जामा मस्जिद के नीलकंठ महादेव के मंदिर तोड़कर बनवावल गइल रहे। ओंने, इंतजामिया कमेटी 1991 एक्ट के हवाला के साथ अउरी तर्क प्रस्तुत करे वाली बा। एहमें दूनों ही ओर से आपन-आपन पक्ष मजबूत कइले के कोशिश कइल जा रहल बा।

330450cookie-checkसुनवाई आजु: ज्ञानवापी के तरे बदायूं क जामा मस्जिद पर भी विवाद, नीलकंठ महादेव मंदिर होखले के दावा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.