[the_ad_group id="30365"]

Benefits Of Spices: किचन के एह 6 मसालन में छिपल बा सेहत के राज, कइयन गो गंभीर समस्यन से मिलत बा राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Benefits Of Spices: रउआ घर के किचन में कइयन तरह के मसाला होला। हर मसालन के रंग आ गुण अलग-अलग होला। जवन खाना के स्वाद बढ़ावत बा। बाकिर, का रउआ जानत बानी, ई मसाला देह के कइयन गो समस्यन से छुटकारा दिलावे में कारगर बा। जी हां, एमे सेहत के खजाना छुपल होला। ई स्वास्थ संबंधित कइयन समस्यान के रामबाण इलाज बा। चली, आज रउआ के एह मसालन के बारे में विस्तार से बतावत बानी।

1.हल्दी बा गुणकारी

हल्दी में औषधीय गुण पावल जाला, जवन देह के कइयन गो समस्यन के दूर करे में कारगर बा। ई देह के विषाक्त पदार्थन के बाहर निकाले में मददगार बा। एमे एंटी ऑक्सीडेंट गुण पावल जाला, जवन जोड़ के बेमारी से राहत दिलावे में मदद करत बा।

2.सौंफ दिलावेला कइयन गो समस्यन से राहत

आमतौर पs सौंफ के इस्तेमाल मुंह के बदबू के दूर करे खातिर कइल जाला। ई छोट-चुकी सौंफ कइयन समस्यन से राहत दिलावे में सहायक बा। ई कोलेस्ट्रॉल आ हाई ब्लड प्रेशर के कंट्रोल करे में मदद करेला।

3.लौंग के सेवन से बढ़ी पाचन शक्ति

लौंग के सेवन पाचन खातिर बहुते लाभदायक मानल जाला। एकरा अलावे ई दांत दर्द के दूर करे में कारगर होला।

4.हार्ट खातीर फायदेमंद बा दालचीनी

दालचीनी खाये के स्वाद बढ़ावे के संगे कइयन गो बेमारियन से राहत दिलावे में कारगर बा। एकरा सेवन से रउआ दिल से जुड़ल बेमारियन से बच सकत बा।

5. हींग बा पोषक तत्वन के खजाना

ई जायका के लजीज बनावे के संगे कइयन गो बेमारियन के दूर करे में सहायक बा। हींग में एंटी बैक्टीरियल, एंटी वायरल आ एंटी इंफ्लेमेटरी गुण पावल जाला, जवन पाचन संबंधी समस्या से राहत दिलावे में मददगार बा।

6. काली मिर्च

काली मिर्च इम्यून सिस्टम के बेहतर बनावे में सहायक बा। एकरा सेवन से रउआ कइयन तरह के संक्रमण से बच सकत बानी। जदि रउआ सर्दी-खांसी भा जुकाम बा, तs काली मिर्च के सेवन कर सकत बानी।

Disclaimer: लेख में दिहल गइल सुझाव आ टिप्स खाली सामान्य जानकारी के उद्देश्य खातिर बा आ एकरा के पेशेवर चिकित्सा सलाह के रूप में ना लिहल जाये के चाहीं। कवनो तरह के सवाल भा परेशानी होखे तs तुरंत अपना डॉक्टर से सलाह करीं।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]