[the_ad_group id="30365"]

एचबीटीयू प्लेसमेंट तुड़लस तीन साल के रिकॉर्ड, 95.83 फीसदी छात्रन के मिलल नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर में हरकोर्ट बटलर टेक्निकल यूनिवर्सिटी (एचबीटीयू) प्लेसमेंट में अपने तीन साल के रिकॉर्ड तोड़ दिहले बा। तीन साल से प्लेसमेंट में गिरावट झेलत एचबीटीयू एह साल बाजी मार लिहले बा। संस्थान में एह बेर सर्वाधिक 95.83 फीसदी छात्र के नौकरी मिलल बा।

हालांकि सर्वाधिक पैकेज में संस्थान पिछड़ल बा लेकिन औसत पैकेज में बीतल तीन साल के मुकाबला में एह बेर बढ़त भइल बा। संस्थान में एह साल प्लेसमेंट के शुरुआत पिछले कई बरिस के मुकाबले बेहतर भइल बा। 528 में से 506 छात्रन के नौकरी मिल गइल बा। केमिकल इंजीनियरिंग में शत प्रतिशत प्लेसमेंट भइल।

कंप्यूटर साइंस के 62 छात्र के लग्गे नौकरी के 93 ऑफर रहल। कंप्यूटर साइंस के छात्र शिवम कुमार के अमेजन से 44.50 लाख रुपया के सर्वाधिक पैकेज मिलल। हालांकि 2019-20 में एक छात्र के 60 लाख तक के पैकेज कंपनी दिहले रहे। संस्थान एह बेर रिकॉर्ड, त बनवलस लेकिन शहर के निजी संस्थान से पिछड़ गइल।

पीएसआईटी इंजीनियरिंग कॉलेज के चार छात्रन के एह बार 38 लाख रुपया तक के पैकेज मिलल बा। एचबीटीयू के प्लेसमेंट अधिकारियन के कहनाम बा कि एह साल प्लेसमेंट बेहतर गइल बा।। प्लेसमेंट खातिर कई बड़ कंपनी आइल रहनें। प्लेसमेंट के शत-प्रतिशत करे के कोशिश कइल जा रहल बा।

साल           प्लेसमेंट    सर्वाधिक पैकेज   औसत पैकेज

2018-19       83.68               37                  6.02
2019-20       75.87               60                  7.77
2020-21       63.61               43.5               6.46
2021-22        95.83              44.5                8.7
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]