हरियाणवी डांसर सपना चौधरी कइली सीएम योगी के जमके तारीफ, राजनीति में आवे पs कहली ई बात

Share

 

बलिया : उत्तर प्रदेश के बलिया में ददरी मेला में भाग लेबे आ जादू फइलावे आइल हरियाणवी डांसर सपना चौधरी सीएम योगी आदित्यनाथ के तारीफ कइले बाड़ी। सपना चौधरी मीडिया से बात करत कहली कि योगी आदित्यनाथ बहुत बढ़िया सीएम हउवें।सपना चौधरी सीएम योगी के कार्यकाल में यूपी में बड़ बदलाव भईल बतवली। सपना चौधरी कहली कि पहिले उ यूपी में शो करे से डेरात रहली। सपना चौधरी मीडिया के सवाल के जवाब देत कहली कि पहिले यूपी में शो के दौरान विवाद पैदा होखत रहे। लेकिन अब यूपी में कवनो दंगा, फसाद अवुरी विवाद नईखे|

भोजपुरी माई जइसन …”

एह दौरान सपना चौधरी कहली कि हम भोजपुरी ना जानत बानी बाकिर भोजपुरी माई के जइसन बा। भोजपुरी के बारे में उ कहली कि हम पूरा बिहार से जुड़ल बानी, काहे कि हमरा के बनावे में बिहार के योगदान जादा बा। एहिजा के दर्शक हमरा से शुरू से प्यार करत आइल बाड़े। सपना चौधरी कहली कि हम अब यूपी में सुरक्षित महसूस करतानी। बता दीं कि सपना चौधरी ददरी मेला में भाग लेबे बलिया आइल रहली |

अश्लील नाच-गीत के बारे में का कहली

एही बीच जब सपना चौधरी से आयोजन के दौरान मंच पs अश्लील गीत अवुरी अश्लील नाच के बारे में पूछल गईल तs उ कहली कि उs एकरा खातीर केहु के जिम्मेदार नईखी मानत। सभकर आपन काम होला, सभे आपन काम बढ़िया से निभावेला। हमरा पs जवन भी जिम्मेदारी होखे आ हम मंच पs आपन सीमा जानत बानी आ हम अपना के कइसे पेश करीलें, ऊ हमार जिम्मेदारी बा।

राजनीति में आवे पs राउर का विचार बा?

एह दौरान सपना चौधरी से पूछल गईल कि का उ राजनीति में आवे के सोचत बानी? त उ जवाब देली कि फिलहाल कवनो रुचि नईखे अवुरी हम अपना जीवन में बहुत खुश बानी। उs कहली कि हमार निजी राय बा कि दु-तीन प्रतिशत के छोड़ के अधिकांश कलाकार राजनीति नईखे कs सकत। काहे कि कलाकार हमेशा कलाकार बनल रहेला |

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-