हार्दिक पटेल आजु शामिल हो जइहें भाजपा में, अपना के कहत बाड़न पीएम मोदी के छोट सिपाही

Share

हालही में कांग्रेस पार्टी से इस्तीफा दे चुकल हार्दिक पटेल आजु भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखे वाला बाड़न. गुजरात के भाजपा अध्यक्ष सीआर पाटिल उनुका के भगवा पार्टी के सदस्यता दिहे। एकरा से पहिले उ कहले कि हम भाजपा के छोट जवान के रूप में काम करब।

भगवा के झंडा पकड़े से पहिले हार्दिक पटेल ट्वीट क कहले कि, राष्ट्रीय हित, राज्य हित, जनहित अवुरी सामाजिक हित के भावना के संगे हम आज से एगो नाया अध्याय शुरू करे जा रहल बानी। हम भारत के सफल प्रधानमंत्री नरेंद्र भाई मोदी के नेतृत्व में राष्ट्र सेवा के काम में एगो छोट सिपाही के रूप में काम करब।

बताईं कि पाटीदार समाज के नेता हार्दिक पटेल पहिले भी कांग्रेस से इस्तीफा दे चुकल रहले। उ गुजरात कांग्रेस के कामकाजी अध्यक्ष रहले, लेकिन उपेक्षा के चलते नाराज होखत रहले। आज उ गांधी नगर में भाजपा मुख्यालय पहुंचला के बाद पार्टी में शामिल होईहे। भाजपा हार्दिक पटेल के भाजपा में शामिल होखे के एगो भव्य आयोजन में बदलल चाहत बिया.

हार्दिक के दावा – 15 हजार लोग के संगे भाजपा में शामिल होईहे

कहल जा रहल बा कि हार्दिक पटेल के संगे-संगे 15 हजार अवुरी लोग भाजपा में शामिल होईहे। हार्दिक के भाजपा में शामिल होखल पाटीदार के राजनीति खाती महत्वपूर्ण मानल जाता। गुजरात में 2015 में पाटीदार आरक्षण आंदोलन के मुख्य चेहरा हार्दिक पटेल रहले। कांग्रेस में शामिल होखला के बाद पार्टी के मानना ​​रहे कि ओकरा पाटीदार समुदाय के समर्थन मिली, लेकिन 2017 के विधानसभा चुनाव में अपेक्षाकृत बेहतर प्रदर्शन कईला के बाद भी उ सत्ता से दूर रह गईल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-