Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘जन्मदिन मुबारक काका’ राजेश खन्ना के जन्मदिन पs उनकर समूचा जीवन यात्रा

1,855

राजेश खन्ना या जतिन खन्ना (19 दिसंबर 1942-18 जुलाई 2012) एगो भारतीय अभिनेता, फिल्म निर्माता अउर राजनीतिज्ञ रहनें, जिनके भारतीय ‘सिनेमा का पहला सुपरस्टार’ कहल जाला। ऊ 1969 अउर 1971 के बीच लगातार 15 सफल फिल्मन में अभिनय कइलें। ऊ 1970 अउर 1980 के दशक में हिंदी सिनेमा में सबसे अधिक भुगतान पावे वाला अभिनेता रहनें।

उनके बड़ाई में 4 बीएएफजेए (बंगाल फिल्म जर्नलिस्ट एसोसिएशन अवार्ड) पुरस्कार अउर 5 फिल्म फेयर पुरस्कार शामिल बा अउर 2013 में उनके मरणोपरांत पद्मभूषण से सम्मानित कइल गइल। 48 प्लेटिनम जुबली हिट्स, 26 गोल्डन जुबली हिट्स, 22 सिल्वर जुबली हिट्स अउर 9 एवरेज हिट्स के संगे ऊ 25 बरिस ले हिंदी फिल्मी दुनिया के अजेय अभिनेता बनल रहनें।

खन्ना 1966 में ‘आखिरी खत’ के साथ आपन शुरुआत कइलें जौन 1967 में भारत के पहिला आधिकारिक ऑक्सर एंट्री रहल। 1969 में राजेश खन्ना शक्ति सामंथा के आराधना से सुपरस्टारडम हासिल कइनें।

पूरा देश उनकर दीवाना बन गइल अउर भारत भर के आलोचक लोग उनके भारतीय सिनेमा अउर हिंदी फिल्म दूनों के पहिला सुपरस्टार कहल शुरू कs दिहलें अउर 7 साल (1969-1976) ले सुपरस्टार के दर्जा के भी अकेल हकदार रहनें। 1977-1991 ले उनके ई स्थान अमिताभ बच्चन के संगे साझा करे के पड़ल।

ऊ 1992 अउर 1996 के बीच नई दिल्ली लोकसभा निर्वाचन क्षेत्र से 10 वीं लोकसभा में संसद सदस्य रहनें। 1992 में नई दिल्ली उपचुनाव में भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के उम्मीदवार के रूप में चुनल गइलें। उनके अउर उनके बाद के लोग, उत्तराधिकारी लोग, समकालीन लोग के बीच मुख्य अंतर ई रहल कि खन्ना के फिलिम न खाली हिंदी क्षेत्र में बलुक पूरे भारत में सफलतापूर्वक चलत रहे अउर ऊ हर शैली के फिल्म एक साथ कइलें अउर दूसर सब अभिनेता लोग के तुलना में समीक्षक द्वारा बड़ाई कइल गइल फिल्म को उनके क्रेडिट में ढ़ेर श्रेय दिहल गइल।

2005 में उनके फिल्मफेयर अवार्ड के 50 वीं वर्षगांठ पs फिल्मफेयर लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल। 2012 में कैंसर के बीमारी से उनकर मौत हो गइल।

424230cookie-check‘जन्मदिन मुबारक काका’ राजेश खन्ना के जन्मदिन पs उनकर समूचा जीवन यात्रा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.