दूसरका चरण में 13 राज्यन के 88 सीटन पs मतदान सुरू: लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला, 5 केंद्रीय मंत्री आ दो पूर्व CM के संगे राहुल गांधी आ हेमा मालिनी मैदान में

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2024

18वीं लोकसभा चुनाव खातिर दूसरका चरण के 13 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के 88 सीटन पs वोटिंग सुरू हो गइल बा। सबेरे सात बजे से सुरू भइल वोटिंग सांझ के छव बजे खत्म होई।

Share

18वीं लोकसभा चुनाव खातिर दूसरका चरण के 13 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के 88 सीटन पs वोटिंग सुरू हो गइल बा। सबेरे सात बजे से सुरू भइल वोटिंग सांझ के छव बजे खत्म होई।

एह फेज में लोकसभा अध्यक्ष, 5 केंद्रीय मंत्री, 2 पूर्व मुख्यमंत्री आ तीन गो फिल्मी सितारा बा लो। राहुल गांधी वायनाड, शशि थरूर तिरुअनंतपुरम आ हेमा मालिनी मथुरा सीट से मैदान में बा लो।

एकरा पहिले 19 अप्रिल के पहिला फेज के 102 सीटन पs वोटिंग भइल रहे। आज के बाद पांच फेज के वोटिंग 1 जून तक खत्म होई। एकरा बाद चार जून के रिजल्ट के घोषणा होई।

पहिले एह फेज में 89 सीटन पs वोटिंग होखे के रहे, बाकिर मध्य प्रदेश के बैतूल सीट पs बसपा प्रत्याशी के निधन के बाद एह सीट पs अब सात मई के चुनाव होई।

आउटर मणिपुर के कुछ हिस्सन में आज फेर वोटिंग हो रहल बा। चुनाव आयोग एह सीट पs दु फेज में चुनाव करावे के घोषणा कइले रहे।

2019 में दुसरका फेज के सीटन पs सबसे जादा भाजपा के 50 आ NDA के सहजोगी दलन के आठ सीट पs जीत मिलल रहे। कांग्रेस के खाता में 21 सीट गइल रहे। अन्य के नौ सीट मिलल रहे।

चुनाव आयोग के मोताबिक, दूसरका चरण में 1,198 उम्मीदवार मैदान में बा लो। एमे 1,097 पुरुष आ 100 महिला उम्मीदवार बा लो। एक प्रत्याशी थर्ड जेंडर से बा।

एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म (ADR) के मोताबिक, एह फेज में चुनाव लड़ रहल 21% माने 250 उम्मीदवारन पs क्रिमिनल केस दर्ज बा।

390 माने 33% उम्मीदवार करोड़पति बा लो। छव गो उम्मीदवार आपन संपत्ति जीरो बतवले बा लो। जबकि तीन के लगे 500 से 1,000 रुपिया के संपत्ति बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.