Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Politics: मोदी, शाह, नड्डा के कवनो सकारात्मक एजेंडा नइखे, फइला रहल बा लो नफरत- मनोज झा

79

Bihar Politics: मनोज झा कहले कि अबकी बेर चुनाव के संविधान के रक्षा के चुनाव बा। बाबा साहब संविधान में जवन अधिकार देले ओकरा के नागपुरिया विधान से कमजोर करे के साजिश चल रहल बा। प्रधानमंत्री बार-बार सफाई से संविधान ना बदले के बात तऽ कर रहल बाड़े बाकिर उऽ महिला लो के सम्मान युवा लो के रोजगार गरीब लो के अधिकार आ शोषित – वंचित के मान-सम्मान के कवनो बात नइखन करत।

दूसरका चरण के चुनाव आवत-आवत पक्ष-विपक्ष में आरोप-प्रत्यारोप आउर तीत होखे लागल बा। दुनु पक्ष एक दुसरा के नीचे देखावे के कवनो मौका छोड़ल नइखे चाहत। राजद के राष्ट्रीय प्रवक्ता आ राज्यसभा सदस्य मनोज झा एही कड़ी में बियफे के कहले कि भाजपा के कोर टीम बार-बार बिहार आवत तऽ बिया, बाकिर मुद्दन के बात नइखे करत।

उऽ कहले कि मोदी, शाह आ नड्डा के लगे कवनो सकारात्मक एजेंडा नइखे। रोजगार आ संविधान के रक्षा का मुदा महत्वपूर्ण बा, बाकिर एपर कवनो बात नइखे होत। झा राजद कार्यालय में प्रेस प्रतिनिधियन से बात करत रहले।

नागपुरिया विधान से…’

उऽ कहले कि अबकी बेर के चुनाव संविधान के रक्षा के चुनाव बा। बाबा साहब संविधान में जवन अधिकार देले ओकरा के नागपुरिया विधान से कमजोर करे के साजिश चल रहल बा। प्रधानमंत्री बार-बार सफाई से संविधान ना बदले के बात तऽ करत बाड़न, बाकिर उऽ महिला लो के के सम्मान, युवा लो के रोजगार, गरीबन के अधिकार आ शोषित, वंचित के मान-सम्मान के कवनो बात नइखन करत।

उऽ कहले कि जे रोजगार, नौकरी, किसान, पेंशन आ बेहतर शिक्षा के बात कर रहल बा, ओकरा के देशद्रोही बतावल जा रहल बा। आ देश के लोगन में खासकर वोट डाले वालन में डर पैदा कइल जा रहल बा।

‘अबकी के के चुनाव…’

झा ने कहले कि अबकी बेर के चुनाव दू धारा के चुनाव है। संविधान बचावे वाली धारा आ दूसरका ओर संविधान के खत्म करे वाली साजिशन में लागल धारा। लोगन के चिंता एह बात के बा कि संविधान बची की ना, काहेकि अधिनायकवाद के खिलाफ संघर्षन के हर स्तर पऽ कमजोर कइल जा रहल बा।

मौका पऽ मुख्य प्रवक्ता सिंह यादव, चित्तरंजन गगन, एजाज अहमद,आरजू खान आ दूसर आउर नेता उपस्थित रहले।

803290cookie-checkBihar Politics: मोदी, शाह, नड्डा के कवनो सकारात्मक एजेंडा नइखे, फइला रहल बा लो नफरत- मनोज झा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.