Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

26 अप्रिल 2024 के राशिफल

282

ओपीदिनांक-26/04/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

सबेरे के 07 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 03 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

वरीयान जोग

भोर के 04 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/04/2024

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

सबेरे के 08 बजके 18 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

भोर के 04 बजके 28 मिनट ले।

वरीयान जोग

भोर के 04 बजके 19 मिनट ले।

परिघ करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव सुरू हो सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। संतान के सुख मिली। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। बाबूजी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सुधार होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला में सावधान रहीं। बेवसाय में लाभ होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरु हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। अचके कुछ लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद -विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा, सावधानी बरतीं।
803350cookie-check26 अप्रिल 2024 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.