Hanuman Jayanti: गृह मंत्रालय के एडवाइजरी, हनुमान जयंती पs कानून-बेवस्था बना के रखे सब राज्य

Anurag Ranjan

रामनवमी के मवका पs देस में कइयन गो हिस्सन में हिंसा भड़कल रहे। रामनवमी पs भइल हिंसा के देखत केंद्र सरकार अलर्ट हो गइल बिया। गृह मंत्रालय अब हनुमान जयंती के लेके एडवाइजरी जारी कइले बा। एडवाइजरी में सब राज्यन से कानून-बेवस्था बना के रखे के कहल गइल बा।

गृह मंत्रालय के एडवाइजरी

मंत्रालय हनुमान जयंती के तइयारी के लेके सब राज्यन के एडवाइजरी जारी कइले बा। राज्य सरकारन के कानून आ बेवस्था बना के रखे के कहल गइल बा। एकरा अलावे त्योहार के शांतिपूर्ण पालन करे आ समाज में सांप्रदायिक सद्भाव बिगाड़े वाला लोगन के निगरानियो करे के कहले बा।

हिंसा पs कलकत्ता हाईकोर्ट सख्त

ओने, पश्चिम बंगाल में भइल हिंसा के लेके कलकत्ता हाईकोर्ट सख्त रुख अपनवले बा। कोर्ट ममता बनर्जी सरकार से पूछलस कि हनुमान जयंती के देखत राज्य में शांति सुनिश्चित करे खातिर कवन-कवन डेग उठावल जा रहल बा। एकरा संगही अदालत राज्य सरकार के हनुमान जयंती के मवका पs शांति बना के रखे में पुलिस के सहायता खातिर केंद्रीय बलन के मांग करे के निरदेस देलस।

हाईकोर्ट देले रहे रिपोर्ट पेश करे के निरदेस 

बता दीं कि हाईकोर्ट मंगर के राज्य सरकार के रामनवमी के जुलूस के दौरान भइल हिंसा के लेके रिपोर्ट मंगले रहे। हाईकोर्ट के कार्यवाहक मुख्य न्यायाधीश टीएस शिवज्ञानम आ हिरणमय भट्टाचार्य के पीठ राज्य सरकार के एह संबंध में एगो पूरक हलफनामा दायर करे के निरदेस देलस, जेमे रिसड़ा में हिंसा के कारणन के बारे में जानकारी मांगल गइल रहे।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।