Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डोनाल्ड ट्रंप : अमेरिकी राष्ट्रपति रहल ट्रंप के गिरफ्तारी के बाद रिहा, अदालत में 12.2 लाख डॉलर के जुर्माना

ट्रंप 34 गो आरोप लगावल गइल बा जेह में साल 2016 के राष्ट्रपति चुनाव से पहिले एगो पोर्न स्टार के पर्दाफाश करे आ ओकर भुगतान करे खातिर वित्तीय रिकार्ड के झूठा बनावल शामिल बा।

251

डोनाल्ड ट्रंप : अमेरिकी राष्ट्रपति रहल ट्रंप के गिरफ्तारी के बाद रिहा, अदालत में 12.2 लाख डॉलर के जुर्माना


अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप के रिहा कर दिहल गइल बा| पोर्न स्टार स्टॉर्मी डेनियल्स से जुड़ल एगो आपराधिक मामला में मंगल का दिने मैनहट्टन के अदालत में चहुँपत ट्रम्प के गिरफ्तार कर लिहल गइल | ट्रंप 34 गो आरोप लगावल गइल बा जेह में साल 2016 के राष्ट्रपति चुनाव से पहिले एगो पोर्न स्टार के पर्दाफाश करे आ ओकर भुगतान करे खातिर वित्तीय रिकार्ड के झूठा बनावल शामिल बा। कोर्ट में पेश होखे के दौरान ट्रंप ए सभ आरोप के खारिज क देले अउरी अपना के निर्दोष बता देले।
तर्क सुनला के बाद कोर्ट ट्रंप पे करीब 12.2 लाख डॉलर के जुर्माना देवे के आदेश देलस। जुर्माना के रकम स्टॉर्मी डेनियल के दिहल जाई | सुनवाई के बाद ट्रंप कोर्ट छोड़ देले। एह मामिला में अगिला सुनवाई 4 दिसंबर के होखी | एकरा संगे ट्रंप पहिला अमेरिकी पूर्व राष्ट्रपति बन गईल बाड़े, जेकरा के कवनो आपराधिक मामला में गिरफ्तार कईल गईल बा।
एहसे पहिले न्यूयार्क के अदालत एह मामिला में पूर्व राष्ट्रपति के खिलाफ आपराधिक कार्रवाई के मंजूरी दे दिहले रहुवे | एही मामला में उ कोर्ट में पेश होखे आईल रहले। उनुकर समर्थक के भारी संख्या मैनहट्टन कोर्ट के बहरी पहुंच गईले। एकरा के देखत कोर्ट के भीतर अउरी l बहरी सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कईल गईल। ट्रंप पोर्न स्टार स्टॉर्मी डेनियल के भुगतान करे के सिलसिला में कवनो गलत काम से इनकार कईले बाड़े। मैनहैटन जिला स्टॉर्मी डेनियल्स l के जांच तब शुरू भईल जब ट्रंप राष्ट्रपति रहले।

ट्रंप के मामला बाइडेन खातिर कवनो बड़ मुद्दा नईखे: व्हाइट हाउस
एही बीच व्हाइट हाउस के कहनाम बा कि पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के मामला बाइडेन खातीर कवनो बड़ मुद्दा नईखे। ट्रंप के अदालत में पेश होखे के संबंध में व्हाइट हाउस के प्रेस सचिव करिन जीन पियरे कहली कि ट्रंप प आरोप लगावल निश्चित रूप से सुर्खी में आई, लेकिन वर्तमान राष्ट्रपति जो बाइडेन के एकरा से कवनो संबंध नईखे। उ कहले कि हमनी के ए पे कवनो टिप्पणी ना करब। एहमें हमनी के ध्यान देबे के कवनो बात नइखे| राष्ट्रपति बाइडेन के ध्यान अमेरिकी जनता के महंगाई से राहत देवे पे बा।

एकरा अलावे अमेरिकी राष्ट्रपति रहल डोनाल्ड ट्रंप अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ट्रूथसोशल पे अपना मामला के लेके सुनवाई के मांग कईले। उ कहले कि उनुकर मुकदमा न्यूयॉर्क से स्टेटन आइलैंड में स्थानांतरित होखे के चाही। उ कहले कि मामला के नजदीकी स्टेटन आइलैंड में स्थानांतरित क दिहल जाए। जवन सुनवाई खातिर एगो उचित अउरी सुरक्षित जगह होई।

 

502810cookie-checkडोनाल्ड ट्रंप : अमेरिकी राष्ट्रपति रहल ट्रंप के गिरफ्तारी के बाद रिहा, अदालत में 12.2 लाख डॉलर के जुर्माना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.