Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डोनाल्ड ट्रंप के रैली में चलल गोली, बाल-बाल बचले अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति

156
Google Ads 300*250 for posts

 

अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव से पहिले हिंसा के एगो बड़हन घटना घटल बा. पेंसिल्वेनिया के बटलर में डोनाल्ड ट्रंप के रैली में गोलीबारी भइल बा. एs घटना के बाद अमेरिकी सीक्रेट सर्विस के एजेंट अमेरिकी राष्ट्रपति रहल ट्रंप के तुरंत मंच से बाहर निकाल देले। गोली चलला के बाद डोनाल्ड ट्रंप मंच पs झुकत बाड़न. एकरा बाद सीक्रेट सर्विस (उनकर सुरक्षा गार्ड) ओह लोग के घेर लेता।

जांच शुरू हो गईल

सोशल मीडिया पs वायरल भईल एs वीडियो में ट्रंप के कान से खून बहत देखल जा सकता। हालांकि एs मामला में अबे ले कवनो आधिकारिक पुष्टि नईखे भईल। एगो शीर्ष सरकारी अधिकारी कहले कि पूर्व राष्ट्रपति सुरक्षित बाड़े। अधिकारी कहले कि हमनी के सुरक्षा के उपाय लागू कईले बानी, जांच चलता।

उपराष्ट्रपति कमला हैरिस का कहली

अमेरिकी उपराष्ट्रपति कमला हैरिस ट्वीट कs कहली कि, “पेंसिल्वेनिया में पूर्व राष्ट्रपति ट्रंप के आयोजन में भईल गोलीबारी के बारे में हमरा के बतावल गईल बा। डग अवुरी हमरा राहत मिलल बा कि उs गंभीर रूप से घायल नईखन। हमनी के उनुका संगे बानी, उनुकर हमनी के परिवार अवुरी ओ सभ खातीर प्रार्थना करतानी।” एह बेमतलब के गोलीबारी से घायल आ प्रभावित भइल बानी जा.

 

 

 

894120cookie-checkडोनाल्ड ट्रंप के रैली में चलल गोली, बाल-बाल बचले अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.