Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुजरात: ऊ हमनी के ऊपर चिल्लालें सब, का हम भ्रष्टाचारियन के खिलाफ कार्रवाई न करीं? पीएम के विपक्ष पर हमला

563
Google Ads 300*250 for posts
अपने गुजरात दौरा के तीसरे दिन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राजकोट के जमकंदोरना पहुंचलें। इहां उ एगो जनसभा के संबोधित कइलें। अपने संबोधन के दौरान पीएम मोदी कई अहम मुद्दा पर चर्चा के संगही विपक्षी पार्टी कांग्रेस पर जमकर हमला बोललें। पीएम मोदी कहलें कि अगर सरकार भ्रष्टाचारियन के खिलाफ कार्रवाई करतनी जा, त एक समूह हमरे खिलाफ चिल्लाला। का हमके लोग के लूटे वालन के खिलाफ कार्रवाई नाइ करे के चाहीं? पीएम मोदी कांग्रेस पर निशाना साधत कहलें कि कांग्रेस नेता से पूछलें कि का उ कब्बो स्टैच्यू ऑफ यूनिटी के दौरा कइलें? जौन लोग धरती पुत्र सरदार पटेल के इज्जत नाइ करेने, उनके खातिर गुजरात में कौनो जगह नाइ होखे के चाहीं।

गुजरात में इंजीनियरिंग अउर एमबीए कॉलेज बढ़लें: पीएम मोदी

पीएम मोदी कहलें कि इहां आजु 130 इंजीनियरिंग कॉलेज बा जौन भाजपा के गुजरात में अइले से पहिले 26 रहल। आजु इहां 100 से ज्यादा एमबीए कॉलेज हो चुकल बा। अंग्रेजी अब डॉक्टर बने के राह में बाधा नाइ डाल सकेनी। मातृभाषा में भी हमनी के लइका अउर लइकी पढ़ाई करे में अब सक्षम बा।

352430cookie-checkगुजरात: ऊ हमनी के ऊपर चिल्लालें सब, का हम भ्रष्टाचारियन के खिलाफ कार्रवाई न करीं? पीएम के विपक्ष पर हमला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.