GST Council Meeting: आम आदमी के मिली बड़ राहत, एह वस्तुअन पऽ होई ‘0’ टैक्स: देखीं लिस्ट

Share

नई दिल्ली। तमाम लोगन के निगाह आज होखे वाला जीएसटी काउंसिल मीटिंग पऽ टिकल बा। ई बैठक 3 से 4 सितंबर के बीच नई दिल्ली में सबेरे 11 बजे आयोजित कइल जाई।

मीडिया रिपोर्ट के मानल जाव तऽ एह बैठक के दौरान GST Slab आ GST Cut के लेके अहम फैसला लिहल जा सकेला। सबसे पहिले जानल जाव कि अइसन कवन-कवन सामान होखे वाला बा, जवना में टैक्स घट के जीरो हो सकेला। एकर मतलब बा कि एह वस्तुअन पs रउआ कवनो टैक्स ना देवे के होई।

कवना सामान पs  लागी ‘0’ टैक्स?

मीडिया रिपोर्ट के मानल जाव तऽ 47 आइटम अइसन होखे वाला बा, जेमे जीरो टैक्स लगावल जा सकेला। एह सामानन पऽ रउआ टैक्स देवे के जरूरत ना होई। हालांकि एह बात के अभी पुष्टि नइखे भइल।

जीरो टैक्स अइसन सामानन पs लगावल जा सकेला, जवन रोज इस्तेमाल होत होखे।

मीडिया रिपोर्ट के मानल जाव तऽ जरूरी वस्तु जइसे पनीर, पिज्जा ब्रेड, खाखरा, चपाती आ रोटी जइसन खाद्य वस्तु पऽ कवनो टैक्स नाह लागी भा 5 फीसदी टैक्स लगावल जा सकेला।

अइसही स्टेशनरी, चिकित्सा उपकरण आ दवाइयन पs कवनो टैक्स ना लिहल जाई आ फेर 5 फीसदी टैक्स लिहल जा सकेला।ओइसही अइसन वस्तु जवन हानिकारक बा, ओकरा पऽ जीएसटी बढ़ावल जा सकेला।

एकरा अलावे पेट्रोलियम आ सोना आउर हीरा जइसन वस्तु पऽ पहिलही जइसन टैक्स लागी। हालांकि, सरकार के ओर से एकर पुष्टि नइखे भइल                                                                                                                                           ।

कवना पs केतना टैक्स, का-का होई सस्ता?

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, जीएसटी टैक्स स्लैब में कुछ एह तरे से बदलाव हो सकेला-

12 फीसदी टैक्स स्लैब वाला 99 फीसदी प्रोडक्ट 5 फीसदी वाला कैटेगरी में आ जाई।

28 फीसदी टैक्स स्लैब में आये वाला वस्तु 18 फीसदी टैक्स स्लैब में सामिल हो जाई। एह तरे 10 फीसदी तक टैक्स कम हो जाई।

Read Also: UP Homeguard recruitment : होमगार्ड संगठन में प्लाटून कमांडर के 2314 पदन पs होई भर्ती, 44 हजार होमगार्ड भर्ती के रास्ता खुलल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-