[the_ad_group id="30365"]

UNGA Session: संयुक्त राष्ट्र सत्र में सामिल होखे खातिर अमेरिका ना जइहें पीएम मोदी; जयशंकर करिहें शिरकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह महीना के अंत में संयुक्त राष्ट्र महासभा के वार्षिक उच्च-स्तरीय सत्र में आम बहस के संबोधित ना करिहें। संयुक्त राष्ट्र महासभा के 80वां सत्र 9 सितंबर के सुरू होई। उच्च-स्तरीय आम बहस 23 से 29 सितंबर तक चली, जेमे ब्राजील पारंपरिक रूप से सत्र के पहिला वक्ता होई। ओकरा बाद अमेरिका के नंबर आई। अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप 23 सितंबर के प्रतिष्ठित UNGA मंच से विश्व नेता के संबोधित करिहें, जे व्हाइट हाउस में उनका दूसरा कार्यकाल में संयुक्त राष्ट्र सत्र के उनकर पहिला संबोधन होई।

एह बीच सुक के जारी महासभा के 80वां सत्र के उच्च-स्तरीय आम बहस खातिर वक्ता के संशोधित अनंतिम सूची के अनुसार, भारत के प्रतिनिधित्व एगो ‘मंत्री’ करिहें। बिदेस मंत्री एस जयशंकर 27 सितंबर के सत्र के संबोधित करिहें। जुलाई में जारी वक्ता के पिछलका सूची में पीएम मोदी 26 सितंबर के आम बहस के संबोधित करे वाला रहस। इस्राइल, चीन, पाकिस्तान आ बांग्लादेश के शासनाध्यक्ष 26 सितंबर के संयुक्त राष्ट्र महासभा के आम बहस के संबोधित करे वाला बा लो।

यूएनजीए वक्तन के सूची अनंतिम

आम बहस खातिर यूएनजीए वक्ता के सूची अनंतिम हs। उच्च-स्तरीय हफ्ता के सुरुआत से पहिले कार्यक्रमन आ वक्ता लोगन में बदलाव के संभावना हमेसा बनल रहेला। सूची के समय के संगे-संगे अपडेट कइल जात रहेला।

हर साल सितंबर में सुरू होला उच्च-स्तरीय सत्र

संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय में बरिस के सबसे व्यस्त राजनयिक सत्र मानल जाये वाला ई उच्च-स्तरीय सत्र हर साल सितंबर में सुरू होला। एह साल ई सत्र इस्राइल-हमास युद्ध आ यूक्रेन संघर्ष के बीच आयोजित हो रहल बा। 8 0वां सत्र के विषय बा ‘एक साथ बेहतर: शांति, विकास और मानवाधिकारों के लिए 80 वर्ष और उससे भी अधिक’।

22 सितंबर के बैठक के संगे सुरू होई सत्र

ई सत्र 22 सितंबर के ‘संयुक्त राष्ट्र के 80वां वर्षगांठ के उपलक्ष्य में’ एगो बैठक के संगे सुरू होई। महिला लोगन पs चउथा विश्व सम्मेलन के 30वां वर्षगांठ के उपलक्ष्य में संयुक्त राष्ट्र महासभा एगो उच्च-स्तरीय बैठक आयोजित करी। संयुक्त राष्ट्र के ओर से बतावल गइल कि ई बैठक बीजिंग में 1995 के ऐतिहासिक सम्मेलन के बाद से भइल प्रगति पs विचार करी। दुनिया भर में लैंगिक समानता के आगे बढ़ावे में उपलब्धियन, सर्वोत्तम प्रथा, कमियन आ मवजूदा चुनौतियन पs प्रकाश डाली।

संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंटोनियो गुटेरेस 24 सितंबर के एगो जलवायु शिखर सम्मेलन आयोजित करिहें, जवन विश्व नेता खातिर आपन नया राष्ट्रीय जलवायु कार्य योजनन के पेश करे आ नया स्वच्छ ऊर्जा युग के लाभन के लाभ उठावे खातिर एगो मंच के रूप में काम करी।

अन्य उच्च स्तरीय बैठक

  • सतत, समावेशी आ लचीली वैश्विक अर्थबेवस्था खातिर शिखर सम्मेलन
  • गैर-संचारी रोग आ मानसिक स्वास्थ्य आउर कल्याण
  • नवहन खातिर विश्व कार्य कार्यक्रम के 30वां वर्षगांठ
  • एआई गवर्नेंस पs वैश्विक वार्ता के सुभारंभ
  • परमाणु हथियारन के पूर्ण उन्मूलन खातिर अंतरराष्ट्रीय दिवस
  • म्यांमार में रोहिंग्या मुसलमानन आ आउर अल्पसंख्यकन के इस्थिति।

Read Also: Amit Mishra के संन्‍यास के एलान, ‘हैट्रिक’ होखे भा ‘पंजा’, गेंदबाजी में स्‍थापित कइलें कइयन कीर्तिमान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]