नई दिल्ली। जीएसटी के नया दर सोमार के माने 22 सितंबर से देसभर में लागू होखे जा रहल बा। जीएसटी के नया दरन के लागू के बाद रसोई के जरूरी सामान से लेके इलेक्ट्रॉनिक्स, दवाइयन आ उपकरणन से लेके ऑटोमोबाइल तक लगभग 375 वस्तुअन के कीमत कम हो जाई।
केंद्र आ राज्यन के जीएसटी परिषद उपभोक्ता के बड़ राहत देत 22 सितंबर माने नवरात्रि के पहिलका दिन से वस्तुन आ सेवा पs कर के दर कम करे के फैसला कइले बा। एह फैसला के लागू होखला के बाद घी, पनीर, मक्खन, नमकीन, केचप, जैम, सूखे मेवे, कॉफी आ आइसक्रीम जइसन आम उपभोग के वस्तु आ टीवी, एसी, वाशिंग मशीन जइसन जरूरी वस्तु सस्ता हो जाई।
दवाई से लेके घर बनावे वाला सामान तक भइल सस्ता
अलग-अलग एफएमसीजी कंपनी जीएसटी के युक्तिसंगत बनावे खातिर कीमत कम करे के एलान पहिलही कs देले बा। जादेतर दवाई आ फॉर्मूला आउर ग्लूकोमीटर आ डायग्नोस्टिक किट जइसे चिकित्सा उपकरणन पs जीएसटी घटाके पांच प्रतिशत कs दिहल गइला से आम आदमी खातिर दवाई के कीमत कम हो जाई। एकरा अलावे, घर बनावे वालन के लाभ होई काहेकि सीमेंट पs जीएसटी 28 प्रतिशत से घटाके 18 प्रतिशत कs दिहल गइल बा। सरकार पहिलही दवा के दुकानन के निरदेस देले बिया कि जीएसटी कटौती के लाभन के धेयान में रखत अपना अधिकतम खुदरा कीमत (एमआरपी) संशोधित करीं भा कम दरन पs दवाई बेचीं।
सेवा होई सस्ती
सेवा के बात कइल जाव तs सौंदर्य आ शारीरिक स्वास्थ्य सेवा जेमे हेल्थ क्लब, सैलून, नाई, फिटनेस सेंटर, योग आदि सेवा पs जीएसटी इनपुट टैक्स क्रेडिट (आईटीसी) 18 प्रतिशत से घटाके बिना टैक्स क्रेडिट के पांच प्रतिशत कs दिहल गइल बा।
एकरा अलावे, हेयर ऑयल, टॉयलेट सोप बार, शैंपू, टूथब्रश, टूथपेस्ट जइसन दैनिक उपयोग के उत्पादन के सस्ता होखे के संभावना बा, काहेकि एकरा पs कर वर्तमान 12/18 प्रतिशत से घटाके 5 प्रतिशत कs दिहल गइल बा। टैल्कम पाउडर, फेस पाउडर, शेविंग क्रीम, आफ्टर-शेव लोशन जइसन आउर दैनिक उपयोग के वस्तुअन के कीमतन में कमी देखे के मिली। एह उत्पादन पs जीएसटी 18 प्रतिशत से घटके पांच प्रतिशत हो गइल बा।
22 सितंबर से प्रभावी जीएसटी एगो द्वि-स्तरीय संरचना होई। जेमे अधिकांश वस्तुअन आ सेवा पs पांच आ 18 प्रतिशत के कर लागी। अति विलासिता वस्तुअन पs 40 प्रतिशत कर लगावल जाई, जबकि तंबाकू आ संबंधित उत्पाद 28 प्रतिशत आ उपकर के श्रेणी में बनल रही।
कार आ टू-व्हीलर के कीमतन में होई कमी
नवरात्रि के पहिलका दिन माने सोमार से देसभर में कार आ टू-व्हीलर के खरीदारी सस्ता होखे वाला बा। अग्रणी ऑटोमोबाइल कंपनी मारुति सुजुकी, टाटा मोटर्स आ हुंडई मोटर इंडिया अपने वाहनन के कीमतन में कटौती के एलान कइले बा। एही तरे लग्जरी कार निर्माता मर्सिडीज-बेंज आ बीएमडब्ल्यू के संगे-संगे टू-व्हीलर कंपनी कीमत घटा रहल बा। ई बदलाव 22 सितंबर से लागू होखे वाला नया जीएसटी दरन के कारण हो रहल बा।
एसी, डिशवॉशर के दाम 1,610 से 8,000 तक घटल
वोल्टास, डाइकिन, हायर गोदरेज आ पैनासोनिक जइसन इलेक्ट्रॉनिक कंपनी एयरकंडीशनर आ डिशवॉशर के कीमतन में न्यूनतम 1,610 से 8,000 रुपिया तक कटौती कइल गइल बा। कंपनियन के नवरात्र में 10 फीसदी से जादे बिक्री होखे के उम्मेद बा। गोदरेज अप्लायंसेज कैसेट आ टावर एसी पs 8,550 से 12,450 रुपिया के बीच दाम घटावल गइल बा। हायर 3,202 से 3,905 रुपिया, वोल्टास 3,400 से 3,700 रुपिया, डाइकिन 1,610 से 7,220 रुपिया, एलजी इलेक्ट्रॉनिक 2,800 से 3,600 आ पैनासोनिक 4,340 से 5,500 रुपिया तक एसी के दाम कम कइले बा।
अमूल दूध सहित 700 उत्पादन के दाम घटवलस
अमूल 700 से जादे उत्पादन के कीमतन में कटौती कइले बा। एमे घी, मक्खन, बेकरी आ आउर उत्पाद सामिल बा। 610 रुपिया किलो वाला घी अब 40 रुपिया सस्ता होई। 100 ग्राम मक्खन 62 रुपिया के बजाय 58 रुपिया आ 200 ग्राम पनीर 99 रुपिया के बजाय 95 रुपिया में मिली। पैकेज्ड दूध दू-तीन रुपिया सस्ता होई। एकरा से पहिले मदर डेयरी दाम में कटौती के घोषणा कs चुकल बा।
रेल नीर सस्ता, एक रुपिया कम होई कीमत
भारतीय रेलवे रेल नीर सस्ता कs दिहल। अब एक लीटर के बोतल के कीमत 15 से घटके 14 रुपिया होई। आधा लीटर के बोतल 10 के बजाय नव रुपिया में मिली। रेलवे परिसर/ट्रेनन में आईआरसीटीसी आउर ब्रांडन के पेयजल बोतलन के दाम 14 आ नव रुपिया हो गइल।
शिकायतन खातिर पोर्टल पs विशेष सेक्शन
सरकार संशोधित जीएसटी दरन से संबंधित शिकायत दर्ज करावे आ ओकरा निवारण खातिर राष्ट्रीय उपभोक्ता हेल्पलाइन (एनसीएच) के इनग्राम पोर्टल पs एगो समर्पित श्रेणी बनावल बा। एमे ऑटोमोबाइल, बैंकिंग, ई-कॉमर्स, एफएमसीजी आ आउर उप-श्रेणी बा।
Read Also: Moradabad Accident : पिता-पुत्र के मौत आ बेटा घायल, हाईवे पs एम्बुलेंस बरपवलस परिवार पs कहर