Greenfield Expressway : ग्रीनफील्ड एक्सप्रेसवे पs बड़ अपडेट, यूपी-बिहार कनेक्टिविटी बढ़ावे वाला सड़क 88% पूरा

Greenfield expressway under construction connecting UP and Bihar

Share

बलिया। गाजीपुर के ह्दयपुर से बलिया होत मांझी तक बनत ग्रीनफील्ड एक्सप्रेसवे के काम अब तेजी से आगे बढ़ रहल बा। जानकारी के मोताबिक, एह प्रोजेक्ट के करीब 88% काम पूरा हो चुकल बा। पहिले मई तक पूरा होखे के उम्मेद रहल, बाकिर अब एकर समय सीमा बढ़ा के अगस्त कs दिहल गइल बा।

ई पूरा परियोजना करीब 5311 करोड़ रुपिया के बा, जवन चार पैकेज में बांट के बनावल जा रहल बा।

पहिला पैकेज में गाजीपुर से शाहपुर तक के काम लगभग पूरा हो गइल बा। दूसरका पैकेज (शाहपुर से पिंडारी) में कुछ जगह पs बिजली लाइन शिफ्ट करे के काम बाकी बा।
तीसरका पैकेज (पिंडारी से रिविलगंज बाइपास) में कइयन जगह माटी भराई के काम अभियो चल रहल बा।

तीन पैकेज मिलाके कुल लंबाई 117.120 किलोमीटर बा। चउथा पैकेज के तहत 17.27 किमी लमहर बक्सर स्पर बनावल जा रहल बा। एमे करीमुद्दीनपुर रेलवे स्टेशन के लगे करीब 205 मीटर लमहर आरओबी (रेलवे ओवरब्रिज) बनावल जाई, जवना के काम सुरू हो चुकल बा।

राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण के अधिकारी बतावत बा लोग कि एह एक्सप्रेसवे से लोग पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पार कs के आसानी से बिहार पहुंच सकेला, खासकर भरौली-बक्सर रास्ता से।

यात्रा होई आसान आ तेज

एह सड़क के बनला के बाद गाजीपुर से बलिया होत छपरा पहुंचे में जवन समय चार घंटा लागत रहे, ऊ घट के करीब डेढ़ घंटा रह जाई। एह एक्सप्रेसवे पs गाड़ी 100 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से चली।

यूपी-बिहार के कनेक्टिविटी होई मजबूत

एह प्रोजेक्ट से बिहार के बड़ शहर- पटना, बक्सर आ छपरा- सीधे लखनऊ आ दिल्ली से जुड़ जाई। संगही यूपी के गाजीपुर आ बलिया के दर्जनन गांव आ बिहार के सारण जिला के कइयन गांवन के एह हाईवे से सीधा जुड़ जाई।

हाईटेक सुविधा से लैस रही सड़क

एह एक्सप्रेसवे पs ATMS (ऑटोमैटिक ट्रैफिक मैनेजमेंट सिस्टम) लगावल जाई, जवन गाड़ी के स्पीड पs नजर रखी। संगही रोशनी, एंबुलेंस, क्रेन आ पेट्रोलिंग वाहन जइसन सुविधा उपलब्ध रही।

कइयन गो प्रमुख सड़क से होई कनेक्शन

ई ग्रीनफील्ड एक्सप्रेसवे कइयन गो अहम मार्ग से जुड़ल रही, जइसे-

  • NH-24 (गाजीपुर-गोरखपुर रोड)
  • पूर्वांचल एक्सप्रेसवे
  • बलिया-हाजीपुर NH-31
  • मांझी-डुमरी मार्ग
  • लालगंज-बैरिया मार्ग सहित कइयन गो सड़क

परियोजना निदेशक पीयूष अग्रवाल के अनुसार, बक्सर स्पर वाला आरओबी के निर्माण सुरू हो चुकल बा आ पूरा प्रोजेक्ट तय समय में पूरा करे के कोसिस जारी बा।

Read Also: Iran War : IRGC के खुफिया प्रमुख माजिद खादेमी के मौत, हमला में गइल जान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-