Delhi Assembly : दिल्ली विधानसभा के सुरक्षा में सेंध, वीआईपी गेट के बैरियर तुड़ के घुसल कार, नकाबपोश कुछ फेंक के भागल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 6, 2026

नई दिल्ली। दिल्ली विधानसभा में सोमार के सुरक्षा में बड़ चूक सामने आइल। एगो अज्ञात कार गेट तुड़के परिसर में घुस गइल आ बाद में फरार हो गइल। एह घटना के बाद सुरक्षा बेवस्था पs

Share

Car breaking VIP gate barrier at Delhi Assembly security breach

नई दिल्ली। दिल्ली विधानसभा में सोमार के सुरक्षा में बड़ चूक सामने आइल। एगो अज्ञात कार गेट तुड़के परिसर में घुस गइल आ बाद में फरार हो गइल। एह घटना के बाद सुरक्षा बेवस्था पs बड़ सवाल उठ रहल बा आ पुलिस ममिला के जांच सुरू कs देले बा।

जानकारी के मोताबिक, घटना विधानसभा के गेट नंबर-2 माने वीआईपी गेट पs भइल। अचानक एगो कार तेज रफ्तार से आइल आ सुरक्षा खातिर लगावल बूम बैरियर के तुड़ देलस।

नकाबपोश कार से निकल के कइलस हरकत

बैरियर तुड़के कार अंदर घुसल, ओमे से एगो नकाबपोश आदमी निकलल। ऊ विधानसभा अध्यक्ष के गाड़ी पs कुछ फेंकलस आ ओकरा बाद तुरंत भाग निकलल।

पुलिस जांच में जुटल

घटना के सूचना मिलतही पुलिस टीम तुरंत मवका पs पहुंच गइल। वरिष्ठ अधिकारी घटना स्थल पs पहुंच के इस्थिति के जायजा लेलें। फिलहाल पूरा इलाका में सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल बा।

सुरक्षा बेवस्था पs उठल सवाल

एह घटना के बाद विधानसभा जइसन हाई-सिक्योरिटी इलाका में सुरक्षा के लेके सवाल खड़ा हो गइल बा। पुलिस आसपास के सीसीटीवी फुटेज खंगाल रहल बिया आ आरोपी के पहचान करे में जुटल बिया।

Read Also: Greenfield Expressway : ग्रीनफील्ड एक्सप्रेसवे पs बड़ अपडेट, यूपी-बिहार कनेक्टिविटी बढ़ावे वाला सड़क 88% पूरा

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.