ग्रेटर नोएडा। ग्रेटर नोएडा के बीटा-दो कोतवाली इलाका के सेक्टर-36 में मतांतरण के एगो बड़ खेल सामने आइल बा। बी-224 नंबर के मकान बाहर से तेज जर्जर आ साधारण देखाई देत रहे, बाकिर अंदर घुसतही पूरा नजारा बदल जात रहे। मकान के बेसमेंट आ ऊपर के दूनो मंजिल पs बनल कमरा लग्जरी सुविधा से लैस रहे। हर कोना में नया डेंट-पेंट, बढ़िया लाइटिंग आ आधुनिक इंतजाम मिलल।
पुलिस सूत्रन के मोताबिक, जांच में पता चलल कि एह मकान में पिछिला करीब पांच साल से गरीब आ बेमार लोगन के ईसाई धर्म में प्रेरित करे के काम चलत रहे। देर रात भा सांझ के समय मारुति वैन से कार्टून में भर-भर के ईसाई धर्म से जुड़ल धार्मिक किताबन के सप्लाई मकान में होत रहे। एह किताबन के पढ़ाई खातिर आवे वाला बच्चा आ प्रार्थना सभा में सामिल लोगन में बांटल जात रहे।
बी-224 मकान बीना एस्टर इब्राहिम आ उनकर पति आनंद बारगेस इब्राहिम के नाम से दर्ज बा। सोमार के दिन सोसायटी के लोगन के शिकायत पs पुलिस छापा मार के दुगो आरोपी के गिरफ्तार कइलस आ बड़ संख्या में धार्मिक किताब बरामद कइलस। पुलिस अब गिरोह के बाकी सदस्य, फंडिंग कहां से आ रहल बा, किताब के सप्लाई के कs रहल बा- एह सब बिंदु पs जांच कs रहल बा।
पुलिस सूत्र बतावल लोग कि मकान के बेसमेंट में एगो हाल बनल रहे, जहां बच्चन के पढ़ाई करावे वाला एगो ईसाई दंपती काम करत रहे। बतावल जा रहल बा कि ऊ दंपती उत्तराखंड के निवासी रहे, पत्नी के नाम रोजी बतावल जात बा। घटना के बाद से ऊ दूनो लापता बा, पुलिस तलाश में जुटल बिया।
सोसायटी के लोग बतावल कि सोमार से सनिचर तक दुपहरिया 3 बजे से सांझ 5 बजे तक लईकन के पढ़ाई चलत रहे। हर अतवार के प्रार्थना सभा में बाहर से गरीब आ मध्यम वर्ग के परिवार आवे। एह दिन घर के बाहर गाड़ी के भीड़ लाग जावs। पड़ोसियन के मकान के अंदर जाये के इजाजत ना मिलत रहे।
2022 में जब आवाजाही संदिग्ध लागल तs सोसायटी के लोग विरोध कइलस। करीब चार महीना तक गतिविधि बंद रहल, बाकिर बाद में दोबारा सुरू हो गइल। आरोपी कहत रहले सs कि गरीब बच्चन के पढ़ाई करावल जात बा, एकरा में गलत का बा।
पुलिस अब मकान मालिक, पढ़ावे वाला शिक्षक, धार्मिक किताब के स्रोत आ फंडिंग नेटवर्क के तलाश में जुटल बिया। प्रभारी निरीक्षक विनोद कुमार के कहनाम बा कि जांच जारी बा आ दोषियन के खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जाई।







