ED Summon : मनी लॉन्ड्रिंग केस में टीना अंबानी से ईडी करी पूछताछ, नया समन भेजे के तइयारी

By Shweta Supriya

Published on: Feb 10, 2026

नई दिल्ली। प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) जल्दिये रिलायंस ग्रुप के चेयरमैन अनिल अंबानी के पत्नी टीना अंबानी के मनी लॉन्ड्रिंग केस में पूछताछ खातिर नया समन जारी करी। एह बात के जानकारी अधिकारी लोग मंगर के

Share

ED conducts raids in railway job scam across Bihar, Uttar Pradesh and other states

नई दिल्ली। प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) जल्दिये रिलायंस ग्रुप के चेयरमैन अनिल अंबानी के पत्नी टीना अंबानी के मनी लॉन्ड्रिंग केस में पूछताछ खातिर नया समन जारी करी। एह बात के जानकारी अधिकारी लोग मंगर के दिहल।

पहिला फिलिम अभिनेत्री रह चुकल टीना अंबानी के एजेंसी सोमार के पेश होखे खातिर बोलवले रहे, बाकिर ऊ पेश ना भइलीं। अधिकारी लोग बतावल कि एजेंसी अब उनका के दोबारा पूछताछ खातिर बोलवले बिया। मानल जा रहल बा कि न्यूयॉर्क के मैनहट्टन इलाका में एगो लग्जरी कॉन्डोमिनियम किने से जुड़ल मनी ट्रेल के बारे में उनकर बयान लिहल जाई।

पुनीत गर्ग के हो चुकल बा गिरफ्तारी

ईडी एह ममिला में हाले में रिलायंस कम्युनिकेशन (आरकॉम) के पूर्व प्रेसिडेंट पुनीत गर्ग के गिरफ्तार कइले बा। एजेंसी सुप्रीम कोर्ट के निरदेस के बाद अनिल धीरूभाई अंबानी ग्रुप (एडीएजी) के खिलाफ कथित बैंक फ्रॉड आ ओकरा से जुड़ल कइयन गो वित्तीय गड़बड़ी के जांच खातिर एगो एसआईटी के गठन कइले बा।

ईडी अब पूरा ममिला के मनी ट्रेल, बिदेसी निवेश आ कथित लेन-देन के कड़ा बारीकी से जांच में जुटल बा।

Read Also: Religious Conversion : लग्जरी सुविधन से लैस कमरा, मारुति वैन से पहुंचत रहे धार्मिक पुस्तक; ग्रेटर नोएडा में मतांतरण के बड़ ‘खेल’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.