Mathura Family Sucide : ‘हमनी के सुसाइड कṣ रहल बानी…’, मथुरा में रसोई के देवाल पs लिख के तीन लईकन सहित दंपती देलस जान

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2026

मथुरा। मथुरा जिला के महावन थाना इलाका के गांव खप्परपुर में मंगर के सबेरे एगो दिल दहला देवे वाली घटना सामने आइल बा। गांव में एगो दंपती अपना तीनो लईकन के संगे जहर खा के

Share

मथुरा। मथुरा जिला के महावन थाना इलाका के गांव खप्परपुर में मंगर के सबेरे एगो दिल दहला देवे वाली घटना सामने आइल बा। गांव में एगो दंपती अपना तीनो लईकन के संगे जहर खा के जान दे देलस। सबेरे जब घर के भीतर पांचो के लाश मिलल, तs पूरा इलाका में सनसनी फइल गइल। सूचना पावतही पुलिस मवका पs पहुंच के जांच सुरू कs देलस।

तीन लईकन सहित दंपती जहर खा के दे देलस जान

खप्परपुर निवासी 35 बरिस के मनीष खेती-बारी करत रहलें। सबेरे करीब दस बजे पुलिस के खबर मिलल कि मनीष, उनकर 32 बरिस के मेहरारू सीमा, पांच बरिस के बेटी हनी, चार बरिस के प्रियांशी आ दू बरिस के बेटा पंकज के लाश घर के भीतर पड़ल बा। पुलिस मवका पs पहुंच के पुष्टि कइलस कि पांचों लोग जहर खा के आत्महत्या कइले बा।

रसोई के देवाल पs लिखल मिलल- ‘हमनी के खुद आत्महत्या कs रहल बानी सs’

घर के रसोई के देवाल पs लिखल मिलल बा- ‘हमनी के खुद आत्महत्या कs रहल बानी’। आत्महत्या के असली कारण का रहल, एकरा बारे में पुलिस अभी छानबीन करत बिया। मनीष के घर के बगल में उनकर दुगो आउर भाई रहेला लोग बा। पिता के कुछ दिन पहिले देहांत हो गइल रहे।

Read Also: Narges Mohammadi : के हई नरगिस मोहम्मदी, ईरान नोबेल पीस प्राइज विजेता के 7.5 साल के सजा काहे सुनवलस?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.