सरकार 2025 ले टीबी के खतम करे के लक्ष्य रखलस

Share

दुनिया खातिर टीबी के बेमारी 140 साल पुरान हs बाकिर आजो एकरा वजे से जान जात बा। केंद्र सरकार देस से 2025 ले पूरा तरे टीबी के ओरवावे के लक्ष्य रखले बा। केंद्रीय स्वास्थ मंत्री डॉ॰ मनसुख मांडविया विश्व टीबी दिवस के मवका पs, विज्ञान भवन में स्टेप-अप टू एंड टीबी के उदघाटन करिहे। मालूम होखे कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी 2018 में  ऐलान कइले रहीं कि देस के 2025 ले टीबी मुक्त बनावे के बा।

हर दिन होला 4100 लोगन के मौत:

विश्व स्वास्थ संगठन बतवलस कि टीबी से दुनियाभर में हर दिन 4100 लोगन के मौत बा। एकरा मोताबिक दुनिया में हर घंटा औसतन 137 लोगन के मौत होला। दुनियाभर में हर दिन 28 हजार लोग एह बेमारी के चपेट में आवेला माने हर घंटा टीबी के जीवाणु 1167 लोगन के शिकार बनावेला।

साभार: हिंदुस्तान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-