भारतीय वित्त मंत्रालय एगो निर्देश जारी कs के चैटजीपीटी अवुरी डीपसीक जईसन एआई टूल अवुरी एप्लीकेशन के इस्तेमाल पs रोक लगा देलस। 29 जनवरी 2025 के जारी एह सर्कुलर के मकसद संवेदनशील सरकारी डेटा के सुरक्षा सुनिश्चित कइल आ संभावित साइबर खतरा के रोके के बा।
सरकारी डेटा के सुरक्षा खातिर कड़ा कदम
संयुक्त सचिव प्रदीप कुमार सिंह के हस्ताक्षर वाला एह आदेश में कहल गइल बा कि सरकारी कंप्यूटर पs एआई सक्षम एप्लीकेशन के इस्तेमाल से गोपनीय सरकारी जानकारी खतरा में पड़ सकेला. एकरा के देखत मंत्रालय सभ कर्मचारी के सरकारी उपकरण पs अयीसन टूल्स के इस्तेमाल से बचे के सलाह देले बा। वित्त सचिव के मंजूरी के बाद इs आदेश जारी भईल बा अवुरी एकरा के राजस्व, आर्थिक मामला, व्यय, सार्वजनिक उपक्रम अवुरी वित्तीय सेवा समेत प्रमुख सरकारी विभाग में भेजल गईल बा।
वैश्विक स्तर पs एआई के बारे में बढ़त चिंता
ई प्रतिबंध वैश्विक स्तर पs एआई टूल के लेके बढ़त चिंता के हिस्सा बा। चैटजीपीटी समेत कई गो एआई मॉडल सभ बाहरी सर्वर सभ पs यूजर इनपुट के प्रोसेस करे लें, जेकरा चलते ई डेटा लीक भा अनधिकृत पहुँच के शिकार हो जालें। एकरे पहिले कई गो निजी कंपनी आ ग्लोबल संगठन सभ भी एआई टूल सभ के इस्तेमाल के सीमित कs दिहले बाड़ें जेह से कि संवेदनशील डेटा के गलत इस्तेमाल से बचावल जा सके। एकरा से पहिले इटली अवुरी ऑस्ट्रेलिया चीनी एआई टूल डीपसीक पs भी रोक लगा देले बाड़े।
सरकार इs प्रतिबंध काहें लगवलस?
- डेटा रिसाव के जोखिम – चैटजीपीटी आ डीपसीक नियर एआई मॉडल सभ बाहरी सर्वर पs यूजर द्वारा दर्ज कइल गइल डेटा के प्रोसेस करे लें.मतलब कि अगर सरकारी कर्मचारी एह टूल में गोपनीय जानकारी डालत बाड़े तs ओह डेटा के संग्रहीत, एक्सेस भा गलत इस्तेमाल हो सकेला. सरकारी विभाग सभ में संवेदनशील डेटा जइसे कि बित्तीय डेटा, नीति के मसौदा आ आंतरिक संचार होला। अगर ई आंकड़ा लीक हो गइल तs ई राष्ट्रीय सुरक्षा आ आर्थिक नीति खातिर गंभीर खतरा हो सकेला.
- एआई मॉडल पs सरकारी नियंत्रण के कमी – सरकारी कार्यालय में इस्तेमाल होखे वाला पारंपरिक सॉफ्टवेयर के बिपरीत, एआई टूल क्लाउड आधारित होला आ निजी कंपनी सभ के स्वामित्व में होला। उदाहरण खातिर, चैटजीपीटी के मालिकाना हक ओपनएआई के हवे आ सरकार के लगे ई नियंत्रित करे के कौनों तरीका नइखे कि ई टूल सभ जानकारी के कइसे स्टोर करे लें आ प्रोसेस करे लें। एहसे विदेशी हस्तक्षेप आ साइबर हमला खातिर संभावित खतरा पैदा हो सकेला.
- डाटा प्रोटेक्शन नीतियन के पालन – भारत डिजिटल पर्सनल डाटा प्रोटेक्शन (डीपीडीपी) एक्ट, 2023 जइसन कड़ा डाटा प्रोटेक्शन कानून पs काम कर रहल बा. अगर सरकारी कर्मचारियन के बिना साफ नियम के एआई टूल के इस्तेमाल करे के इजाजत दिहल जाव तs ई डाटा सुरक्षा नीतियन के उल्लंघन कs सकेला आ सरकारी सिस्टम साइबर हमला के शिकार हो सकेला.
इहो पढ़ीं: Delhi Election: आज दिल्ली में मतदान, भाजपा, आप आ कांग्रेस के बीच त्रिकोणीय मुकाबला