[the_ad_group id="30365"]

Saharanpur: गूगल मैप भटकवलस, गेंहू के खेत में फंसल दु दोस्तन के कार… निकलला के बहाने लूटके भगलें सs मददगार

Saharanpur: गूगल मैप भटकवलस, गेंहू के खेत में फंसल दु दोस्तन के कार… निकलला के बहाने लूटके भगलें सs मददगार
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल मैप दु दोस्तन के आधा रात के गेहूं के खेत में पहुंचा देलस। मदद खातिर कुछ लोग आइल तs ऊ कार लूटके फरार हो गइल। पुलिस रिपोर्ट दर्ज के ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

मेरठ के शास्त्रीनगर निवासी फिरोज कोतवाली में दिहल तहरीर में बतवलें कि पांच फरवरी के साथी नौशाद के संगे अपना वैगनआर कार से शामली जात रहस। एकरा पहिले रोहाना टोल प्लाजा पs उनका दोस्त लियाकत से मिले के रहे। मुजफ्फरनगर पहुंचला पs ऊ फोन कइलें, जवना पs लियाकत उनका के गूगल मैप से लोकेशन भेजलें आ सहारनपुर रोड पs चले के कहलें। फिरोज के मुताबिक ऊ लोकेशन लगाके चले लगल। कुछ देर में ऊ खेतन के बीच से गुजर रहल रास्ता पs पहुंच गइल। ऊ लियाकत से फेर संपर्क कइलें तs ऊ हाईवे पs वापस आवे के कहलें।

एह दौरान उनकर कार एगो गेहूं के खेत मे फंस गइल। उहां से गुजर रहल बाइक सवार से मदद मंगलें। बाइक सवार अपना कइयन गो आउर साथियन के बुला लेलस। ओह लोगन में से एगो कार के ड्राइविंग सीट पs बइठलें, जबकि ऊ आउर लोगन के संगे कार के धक्का लगावे लगलें। फिरोज के आरोप बा कि खेत से बाहर निकलतही ऊ लोग कार लेके फरार हो गइल। जबकि आउर लोग बाइक पs सवार होके भाग गइल। पुलिस के कहनाम बा कि रिपोर्ट दर्ज कs के ममिला के जांच सुरू कs दिहल गइल बा।

Read Also: Mahakumbh: राष्ट्रपति मूर्मू काल्ह संगम में लगइहें आस्था के डुबकी, अक्षयवट आ श्री बड़े हनुमानजी के करिहें दर्शन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]