बिहार में स्पेशलिस्ट मेडिकल ऑफिसर आ टेक्नीशियन के पदन पs भरती निकलल बा। एह भर्ती खातिर आवेदन के आखिरी तारीख 1 अप्रिल तय कइल गइल बा। उम्मीदवार ऑफिशियल वेबसाइट btsc.bihar.gov.in पs जाके आवेदन कs सकत बा लो।
एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :
एमबीबीएस, संबंधित क्षेत्र में पीजी डिग्री, डिप्लोमा, 12 माह के इंटर्नशिप ट्रेनिंग जरूरी
सैलरी :
15,600 – 67000 रुपए प्रतिमाह
एज लिमिट :
सामान्य (पुरुष) : 18 – 37 साल
सामान्य (महिला) : 18 – 40 साल
ओबीसी, ईबीसी (पुरुष आ महिला) : 18 – 40 साल
एससी, एसटी (पुरुष आ महिला) : 18 – 40 साल
फीस :
सामान्य, ओबीसी, ईडब्ल्यूएस : 600 रूपिया
एससी, एसटी, पीडब्ल्यूडी : 150 रूपिया
सब महिला उम्मीदवार (खाली बिहार राज्य के) : 150 रूपिया
आउर राज्य के उम्मीदवार : 600 रूपिया
सिलेक्शन प्रोसेस :
रिटन एग्जाम आ वर्क एक्सपीरियंस के बेसिस पs मेरिट लिस्ट तइयार कइल जाई।
अइसे करीं आवेदन :
- ऑफिशियल वेबसाइट btsc.bihar.gov.in पs जाईं।
- होमपेज पs “Register” भा “New Registration” पs क्लिक करीं।
- अप्लाई नाउ पs क्लिक कs के जरूरी डिटेल्स दर्ज करीं।
- मांगल गइल डॉक्यूमेंट्स अपलोड करीं।
- फीस जमा कs के फॉर्म सब्मिट करीं।
- एकर प्रिंटआउट लेके रखीं।