[the_ad_group id="30365"]

LPG Price: रसोई गैस के कीमत में 41 रुपिया के बड़ कटौती, जानीं अब केतना रुपिया में मिली सिलेंडर

LPG Price
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एलपीजी गैस सिलेंडर के दाम : नयका वित्तीय साल के शुरुआत के संगे तेल विपणन कंपनी एलपीजी गैस के दाम में कमी कईले बिया। देश के राजधानी दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के दाम में 41 रुपया के भारी कमी आईल बा। एह ताजा कमी के बाद अब दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के दाम 1762 रुपया हो गईल बा, नाया दाम 1 अप्रैल 2025 से लागू हो गईल बा, बता दीं कि एs कमी से पहिले दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के कीमत 1803 रुपिया रहे। 

अब कोलकाता के मुंबई में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कीमत केतना होई


तेल मार्केटिंग कंपनी के इs फैसला से करोड़ों लोग के राहत मिली, जवन कि ढाबा, रेस्टोरेंट, होटल जईसन जगह पs खाना बनावे खातीर एs कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के इस्तेमाल करेले। आज से लागू भईल एs नया कमी के बाद कोलकाता में 19 सिलेंडर के कमर्शियल एलपीजी गैस सिलेंडर के दाम 1872 रुपया हो गईल बा, जवन कि पहिले 1913 रुपया रहे।मुंबई में कमर्शियल गैस सिलेंडर के दाम बढ़ के 1714.50 रुपिया हो गईल बा, जवन कि पहिले 1755.50 रुपया रहे अवुरी चेन्नई में कमर्शियल गैस सिलेंडर के दाम अब 1924 रुपया हो गईल बा, जवन कि पहिले 1965 रुपिया के रहे।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]