[the_ad_group id="30365"]

मार्च में सरकार GST से ₹1.78 लाख करोड़ जुटवलस : ई 2023-24 के दूसरका सबसे बड़ कलेक्शन, पूरा साल में ₹20 लाख करोड़ के कमाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार मार्च में गुड्स एंड सर्विसेज टैक्स माने GST से 1.78 लाख करोड़ रुपिया जुटवलस। ई वित्त बरिस 2023-2024 के दूसरका सबसे बड़ कलेक्शन हs। अप्रिल 2023 में 1.87 लाख करोड़ के कलेक्शन भइल रहे। ओहिजा, वित्त बरिस (2022-23) के मार्च महीना के कलेक्शन के मुकाबले 11.5% जादे बा। तब GST से 1.60 लाख करोड़ रुपिया जुटावल गइल रहे।

  • वित्त बरिस 2024 में GST कलेक्शन 11.7% बढ़के ₹20.14 लाख करोड़ रहल।
  • हर महीना के एवरेज कलेक्शन बढ़के 1.68 लाख करोड़ रुपिया हो गइल।
  • पिछला वित्त बरिस (2022-23) में GST कलेक्शन 1.5 लाख करोड़ रुपिया रहे।

CGST 31,785 करोड़ रुपिया, SGST 39,615 करोड़ रुपिया रहल

वित्त मंत्रालय के मोताबिक, मार्च के GST कलेक्शन ₹1,78,484 करोड़ में CGST 34,532 करोड़ रुपिया आ SGST 43,746 करोड़ रुपिया रहल। GST 87,947 करोड़ रुपिया (माल के आयात पs कलेक्ट कइल 40,322 करोड़ रुपिया सहित) आ सेस 12,259 करोड़ रुपिया रहल। सेस में माल के आयात से मिलल 996 करोड़ रुपिया सामिल बा।

2017 में लागू भइल रहे GST

GST एगो इनडायरेक्ट टैक्स हs। एकरा के वैराइटी ऑफ प्रीवियस इनडायरेक्ट टैक्स (VAT), सर्विस टैक्स, परचेज टैक्स, एक्साइज ड्यूटी आ कइयन गो इनडायरेक्ट टैक्स के रिप्लेस करे खातिर 2017 में लागू कइल गइल रहे। GST में 5, 12, 18 आ 28% के चार स्लैब बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]