[the_ad_group id="30365"]

आखिर केने बा ₹8,202 करोड़ के 2000 के नोट?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

2000 रुपिया के बैंक नोट केंद्रीय बैंक के ओर से नवंबर 2016 में पेश कईल गईल रहे, जब सरकार 500 अवुरी 1000 रुपिया के नोट के प्रचलन से निकाले के घोषणा कईले रहे। एकरा बाद पछिला साल 19 मई 2023 के बंद करे के फैसला भईल।

भारतीय रिजर्व बैंक आरबीआई ₹ 2000 के गुलाबी नोट के लेके एगो बड़ अपडेट जारी कईले बिया। 1 अप्रैल के एs नोट के ताज़ा अपडेट जारी भईल बा अवुरी ओकरा मुताबिक अबे ले लोग 8202 करोड़ रुपिया के नोट रखले बाड़े। पीटीआई के मुताबिक, ₹ 2000 बैंक सिस्टम में लगभग 97.69 प्रतिशत नोट आईल बा लेकिन 2.31 प्रतिशत नोट दबावल बईठल बा, नोट के कीमत 8 करोड़ 202 करोड़ रुपिया बा, हमनी के बता दीं कि अबे इs नोट के आदान-प्रदान आरबीआई के 19 कार्यालय में होखेला जवन कि… अहमदाबाद, बेंगलुरु, बेलापुर, भोपाल, भुवनेश्वर,चंडीगढ़, चेन्नई, गुहाटी, हैदराबाद, जयपुर, जम्मू, कानपुर, कोलकाता, लखनऊ, मुंबई, नागपुर, नई दिल्ली, पटना आ तिरुवनंतपुरम। एह के अलावा आप कवनो डाकघर के माध्यम से भी नोट जमा कs सकेनी ।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]