पाकिस्तान के मंत्री बोललें- देस दिवालिया होखे के कगार पs : टैक्स चोरी एकर वजह; पेट्रोल के दाम 9 रुपिया बढ़के 289 रुपिया लीटर भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2024

पाकिस्तान के डिफेंस मिनिस्टर ख्वाजा आसिफ के कहनाम बा कि देस दिवालिया होखे के कगार पs बा। ऊ एकर वजह टैक्स के चोरी के बतवलें बाड़ें। ऊ कहलें, “खुदरा विक्रेता (रीटेलर) आ थोक विक्रेता (होलसेलर)

Share

पाकिस्तान के डिफेंस मिनिस्टर ख्वाजा आसिफ के कहनाम बा कि देस दिवालिया होखे के कगार पs बा। ऊ एकर वजह टैक्स के चोरी के बतवलें बाड़ें। ऊ कहलें, “खुदरा विक्रेता (रीटेलर) आ थोक विक्रेता (होलसेलर) टैक्स देवे से बच रहल बा लो, ई देस के आर्थिक संकट के मुख्य कारण बा।

एने, पाकिस्तान के शाहबाज शरीफ सरकार पेट्रोल के दामन में भारी बढ़न्ती कइले बिया। पेट्रोल के दाम 9.66 पाकिस्तानी रुपिया बढ़के 289.41 रुपिया हो गइल बा। ओहिजा, हाई-स्पीड डीजल 3.32 रुपिया कम होके 282.24 पाकिस्तानी रुपिया हो गइल बा। नया रेट्स के लागू कs दिहल गइल बा।

अंतरराष्ट्रीय कीमतन में बढ़न्ती के वजह बतवलें

पाकिस्तानी मीडिया ‘द डॉन’ के मोताबिक, सरकार कहलस कि देस में पेट्रोल के कीमतन के बढ़ला के वजह अंतरराष्ट्रीय स्तर पs बढ़ल पेट्रोल के कीमत बा। असल में, सरकार हर 15 दिनन में ईंधन के कीमतन के समीक्षा करेले आ वैश्विक तेल के कीमतन के उतार-चढ़ाव आ स्थानीय मुद्रा के एक्सचेंज रेट के आधार पs ओकरा के बढ़ावेले भा घटावेले।

पहिले पेट्रोल के कीमत 279.75 रुपिया रहे

16 मार्च के सरकार पेट्रोल आ डीजल के कीमत में बदलाव ना कइले रहे। प्रति लीटर पेट्रोल के कीमत 279.75 रुपिया आ एक लीटर डीजल के कीमत 285.56 रुपिया रहे। माने पेट्रोल के दामन में 15 दिन में करीब नौ रुपिया के बढ़न्ती भइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.