[the_ad_group id="30365"]

Google AI Tool: अब गूगल के एआई टूल सिखाइ फर्राटेदार इंग्लिश बोलल, जानीं कइसे करीं इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

टेक दिग्गज कंपनी गूगल अक्सर यूजर खातीर नाया फीचर पेश करत रहेले। अयीसना में गूगल हाल ही में एगो धमाकेदार फीचर लॉन्च कईले बा। गूगल के एs फीचर के मदद से लोग के कमजोर अंग्रेजी में सुधार कईल जा सकता। हँ, अगर राउर अंग्रेजी कमजोर बा तs गूगल के नया फीचर रउरा खातिर बहुते फायदेमंद साबित हो सकेला. गूगल एआई संचालित स्पीकिंग प्रैक्टिस टूल पेश कईले बा।

अगर राउर अंग्रेजी कमजोर बा तs अब रउरा चिंता करे के जरूरत नइखे. गूगल एआई संचालित टूल स्पीकिंग प्रैक्टिस फीचर के संगे घर में अंग्रेजी आसानी से सीखल जा सकता। एह गूगल टूल के मदद से रउआ आपन अंग्रेजी बोले के स्टाइल में सुधार कs सकेनी। गूगल एह टूल में आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस यानी एआई के मदद लेले बा। ई टूल उपयोगकर्ता लोग के अंग्रेजी सिखावे खातिर रियल टाइम में भाषा मॉडल के इस्तेमाल करेला। अयीसना में इs नाया फीचर यूजर खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। गूगल के मुताबिक स्पीकिंग प्रैक्टिस एआई टूल के मदद से यूजर टाइप कs के चाहे बोल के आपन सवाल पूछ सकतारे।

एह नया फीचर के फायदा एह देशन के मिली

गूगल के नया स्पीकिंग प्रैक्टिस फीचर गूगल के सर्च लैब प्रोग्राम के हिस्सा हs। अयीसना में एकर फायदा खाली ओ उपयोगकर्ता के मिली, जवन कि गूगल सर्च लैब्स प्रोग्राम से जुड़ल बाड़े। गूगल सर्च लैब्स प्रोग्राम में साइन अप कइला के बाद यूजर एकर फायदा उठा सकेलें. फिलहाल इs 6 देश में उपलब्ध बा, जवना में भारत, भारत, अर्जेटीना, वेनेजुएला, इंडोनेशिया, मैक्सिको अवुरी कोलंबिया शामिल बा। गूगल के इs फीचर कमजोर अंग्रेजी वाला लोग खातीर वरदान के काम कs सकता। एह फीचर से एआई के मदद से यूजर के सही व्याकरण भी बतावल जाई। इs फीचर लोग के दुतरफा संवाद करे के बतावेला, अयीसन स्थिति में इs एआई टूल यूजर खातीर अंग्रेजी टीचर के काम कs सकता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]