Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी: ट्रैफिक पुलिस के सिपाही से छिनल गइल इs अधिकार, वाहन से ना चाबी निकाल सकिहें …ना कs सकिहें चालान

65

 

उत्तर प्रदेश के आगरा जिला में अब ट्रैफिक पुलिस के जवानन से चालान जारी करे के अधिकार छीन लिहल गइल बा. चौराहा पs तैनात ट्रैफिक सिपाही अब रउरा के चालान जारी ना कर पइहें आ ना ही राउर गाड़ी के चाभी निकाल पइहें. अब एकर खातिर नया सिस्टम लागू हो गइल बा.

यातायात निरीक्षक आ उपनिरीक्षक के दिहल जिम्मेदारी

आगरा शहर में यातायात व्यवस्था के मजबूत करे खातिर अब यातायात पुलिस के मुख्य सिपाही आ सिपाही यातायात नियम के उल्लंघन के चलते गाड़ी के खातीर चालान ना कs पइहें। इs काम सिर्फ यातायात निरीक्षक अवुरी उप निरीक्षक करीहे।

एसीपी ट्रैफिक इs जानकारी देले बाड़े

एसीपी ट्रैफिक सैयद अरीब अहमद कहले कि आयुक्तालय में यातायात प्रणाली में सुधार खातीर हर संभव प्रयास कईल जाता। अब ट्रैफिक के मुख्य सिपाही आ सिपाही के चालान जारी करे के काम से मुक्त कर दिहल गइल बा आ यातायात संचालन के जिम्मेवारी दिहल गइल बा. उs यातायात नियम के उल्लंघन के चलते चालान जारी ना करीहे। अगर कवनो ड्राइवर नियम के उल्लंघन करत पकड़ाइल तs ट्रैफिक इंस्पेक्टर भा सब इंस्पेक्टर चालन जारी करी.

 

 

 

810010cookie-checkयूपी: ट्रैफिक पुलिस के सिपाही से छिनल गइल इs अधिकार, वाहन से ना चाबी निकाल सकिहें …ना कs सकिहें चालान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.