[the_ad_group id="30365"]

यूपी: ट्रैफिक पुलिस के सिपाही से छिनल गइल इs अधिकार, वाहन से ना चाबी निकाल सकिहें …ना कs सकिहें चालान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के आगरा जिला में अब ट्रैफिक पुलिस के जवानन से चालान जारी करे के अधिकार छीन लिहल गइल बा. चौराहा पs तैनात ट्रैफिक सिपाही अब रउरा के चालान जारी ना कर पइहें आ ना ही राउर गाड़ी के चाभी निकाल पइहें. अब एकर खातिर नया सिस्टम लागू हो गइल बा.

यातायात निरीक्षक आ उपनिरीक्षक के दिहल जिम्मेदारी

आगरा शहर में यातायात व्यवस्था के मजबूत करे खातिर अब यातायात पुलिस के मुख्य सिपाही आ सिपाही यातायात नियम के उल्लंघन के चलते गाड़ी के खातीर चालान ना कs पइहें। इs काम सिर्फ यातायात निरीक्षक अवुरी उप निरीक्षक करीहे।

एसीपी ट्रैफिक इs जानकारी देले बाड़े

एसीपी ट्रैफिक सैयद अरीब अहमद कहले कि आयुक्तालय में यातायात प्रणाली में सुधार खातीर हर संभव प्रयास कईल जाता। अब ट्रैफिक के मुख्य सिपाही आ सिपाही के चालान जारी करे के काम से मुक्त कर दिहल गइल बा आ यातायात संचालन के जिम्मेवारी दिहल गइल बा. उs यातायात नियम के उल्लंघन के चलते चालान जारी ना करीहे। अगर कवनो ड्राइवर नियम के उल्लंघन करत पकड़ाइल तs ट्रैफिक इंस्पेक्टर भा सब इंस्पेक्टर चालन जारी करी.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]