अंतरराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के अवसर पs भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से बुध के बाबू पुरषोत्तम दास राधा रमण दास महाविद्यालय में भोजपुरी कहानी लिखे खातिर कार्यशाला के आयोजन कइल गइल। एह कार्यशाला के आयोजन के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के माध्यम से नवहन में कौशल विकास करे के बा। मुख्य अतिथि सोनू किशोर एह दौरान विद्यार्थियन के कहानी लिखे के जरूरी पहलुअन से अवगत करवलें। ऊ कहलें कि कहानी लिखे खातिर एगो पाठक होखल जरूरी बा।

एकरा पहिले कार्यक्रम के मुख्य अतिथि सोनु किशोर, यायावरी वाया भोजपुरी के परियाजोना अधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी, यायावरी क्लब के मुख्य अधिकारी श्वेता सुप्रिया, महाविद्यालय के प्राचार्य विकाश रंजन मणि त्रिपाठी आ कोर्डिनेटर रेनू भास्कर दीया जराके कार्यक्रम के विधिवत सुरुआत कइल लो। आपन विचार रखत प्राचार्य कहलें कि भोजपुरी बोले में हमनी के संकोच ना करे के चाहीं। मातृभाषा पs गरब करें के चाहीं। भोजपुरी साहित्य के दुनिया बहुत बड़ बा आ भोजपुरी के समृद्ध साहित्यकार एकरा के दुनिया में प्रतिष्ठित कइले बा लो।
मुख्य अतिथि विद्यार्थियन से संवाद करत कहलें कि कहानी के रुचिगर, सरल आ सारगर्भित होखे के चाहीं। कहानी लिखल कइयन ममिलन में जेतना मुश्किल बा तs ओतना आसानो बा। जरूरत बा कि कहानी सुनल, पढ़ल आ जवना विषय पs कहानी लिखत बानी ओकरा बारे में ढंग में जानल। ऊ विद्यार्थियन कावर से लिखल गइल कहानियन के बारे में चरचा कइलें आ नवहन के कहानी लिखे खातिर प्रेरित करत सराहना कहलें।

कार्यक्रम के संचालन राज नंदनी आ आभार ज्ञापन श्वेता सुप्रिया द्वारा कइल गइल। एह मउका पऽ यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से गौरव मणि त्रिपाठी, सुधीर कुमार मिश्र, मिनी उपाध्याय, महाविद्यालय के सब शिक्षक आ विद्यार्थी मवजूद रहे लो।







