खुशखबरी : गोरखपुर विश्वविद्यालय में शिक्षकन के 158 पदन पs होई नियुक्ति, अइसे करीं आवेदन

Share

DDU गोरखपुर विश्वविद्यालय में अलग-अलग विभागन में शिक्षकन के 158 पदन पs नियुक्ति कइल जाई। एमें स्थायी विभागन खातिर 102 शिक्षकन के नियमित भर्ती कइल जाई। स्ववित्तपोषित पाठ्यक्रमन खातिर 56 असिस्टेंट प्रोफेसर के नियुक्ति संविदा पs होई। एकरा खातिर ऑनलाइन आवेदन के अंतिम तिथि 28 फरवरी निर्धारित कइल गइल बा। यूनिवर्सिटी में लमहर समय बाद हो रहल, नियुक्ति के लेके बहुते उत्साह बा।

शिक्षकों की कमी से प्रभावित हो रही है पढ़ाई

डीडीयू में नियमित आ स्ववित्तपोषित पाठ्यक्रमन में शिक्षकन के कमी से पिछला एक साल से पठन पाठन प्रभावित होत रहे। अब स्थायी संविदा शिक्षकन के भर्ती के लेके विज्ञापन जारी हो गइल बा। एकरा तहत विश्वविद्यालय के अलग-अलग विभागन में नियमित रूप से 28 प्रोफेसर नियुक्त होई। एकरा संगही एसोसिएट प्रोफेसर के 50 आ असिस्टेंट प्रोफेसर के 24 पदन पs आवेदन मांगल गइल बा। डीडीयू के कुलसचिव के नाम से आवेदन आ प्रमाणपत्रन के हार्डकॉपी सात मार्च से पहिले स्पीड पोस्ट से पहुंच जाये के चाहीं।

बेवसाइट कॅरियर’ कॉनर्र पs अप्लिकेशन के बा विस्तृत ब्यौरा

शिक्षक भर्ती के विस्तृत ब्योरा विश्वविद्यालय के वेबसाइट ‘कॅरियर’ कॉनर्र पs उपलब्ध बा। कुलपति प्रो. पूनम टंडन विश्वविद्यालय में शिक्षकन के कमी के देखत भर्ती प्रक्रिया सुरू कइले बाड़ी। शिक्षकन के भर्ती के बाद छात्र-शिक्षक अनुपात तs बेहतर होई, शिक्षा आ शोध के गुणवत्ता बढ़ी।राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय स्तर के रैंकिंग में एकर लाभ मिली। नियुक्ति यूनिवर्सिटी में पठन-पाठन में आसानी होई। एकरा संगही शोध करे वालन छात्रन के सहूलियत होई।

एह विभागन में होई नियुक्ति

27 विषय विशेषज्ञ बायोटेक्नोलॉजी, इंजीनियरिंग आ एग्रीकल्चर के विभिन्न विषयन खातिर विषय विशेषज्ञन के नियुक्ति के प्रक्रियो सुरू हो गइल बा। एकरा अलावे इंस्टीट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी आ इंस्टीट्यूट ऑफ एग्रीकल्चर एंड नेचुरल साइंसेज खातिर संविदा पs एक-एक निदेशक के नियुक्ति होई।

Read Also: Jio के प्लान भइल 21 रुपए सस्ता, यूजर्स के मिली ई बेनिफिट्स, TRAI के आदेस के असर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-