JEE Main 2025: जेईई मेन में पहिलही दिन तकनीकी खामी से 114 उम्मीदवारन के परीक्षा प्रभावित, नया डेट घोषित

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 23, 2025

JEE Main 2025: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) की जेईई मेन 2025 परीक्षा (JEE Main 2025) के तइयारियन के दावा पहिलही दिन गलत साबित भइल। स्नातक इंजीनियरिंग दाखिला के जेईई मेन 2025 के परीक्षा के पहिलही

Share

JEE Main 2025: जेईई मेन में पहिलही दिन तकनीकी खामी से 114 उम्मीदवारन के परीक्षा प्रभावित, नया डेट घोषित


JEE Main 2025: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) की जेईई मेन 2025 परीक्षा (JEE Main 2025) के तइयारियन के दावा पहिलही दिन गलत साबित भइल। स्नातक इंजीनियरिंग दाखिला के जेईई मेन 2025 के परीक्षा के पहिलही दिन तकनीकी खामी से छात्र परेसान भइल लो। जेईई मेन सेशन-1 परीक्षा 22 जनवरी के सुरू भइल।

एनटीए के पहिलही दिन तकनीकी खराबी के चलते बेंगलुरु में एगो परीक्षा केंद्र के बदले के पड़ल। कर्नाटक में तकनीकी खामी वाला सेंटर के 114 उम्मीदवारन के परीक्षा प्रभावित भइल।

28/29 जनवरी को फिर होगी परीक्षा

एनटीए द्वारा जारी एगो बयान में कहल गइल बा कि “परीक्षा केंद्र ईटैलेंट, (टीसी कोड- 40086), नंबर 3, बेलमार एस्टेट, नागासांद्रा मेन रोड, अमरावती लेआउट, नगरा बावी, नालागद्दरनाहल्ली, पीन्या बेंगलुरु, कर्नाटक में 22 जनवरी 2025 के जेईई (मुख्य) -2025 सत्र- I (शिफ्ट- I) परीक्षा के संचालन के दौरान तकनीकी खराबी के अपरिहार्य कारण से, 114 प्रभावित उम्मीदवारन खातिर परीक्षा री-शेड्यूल कइल जात बा आ 28/29 जनवरी 2025 के फेर से आयोजित कइल जाई।

114 परीक्षार्थी दोबारा होंगे परीक्षा में शामिल

एनटीए के वरिष्ठ अधिकारी कहलें कि जेईई मेन 2025 के परीक्षा खातिर भारत सहित बिदेसन में 15 शहरन में केंद्र बनावल गइल बा। कर्नाटक के एगो सेंटर में तकनीकी दिक्कत आइल बा। एह छात्रन खातिर अब 28 आ 29 जनवरी के दोबारा से परीक्षा आयोजित कइल जाई। एकरा खातिर ओह लोगन के दोबारा नया एडमिट कार्ड जारी होई।

जेईई मेन 2025 परीक्षा कार्यक्रम

जेईई मेन 2025 सेशन-1 परीक्षा 22 जनवरी से 30 जनवरी तक होखे के बा। जेमे 29 जनवरी तक जेईई मेन पेपर-1 माने बीई/बीटेक खातिर होई, जबकि 30 जनवरी के पेपर-2 होई। परीक्षा दुगो शिफ्ट में हो रहल बा। पहिला शिफ्ट सबेरे नौ बजे से दुपहरिया 12 बजे तक आ दूसरका शिफ्ट दोपहर तीन बजे से सांझ छव बजे तक होई।

Read Also: IND vs ENG: 12.5 ओवर में 133 रन के लक्ष्य हासिल कs के टीम इंडिया बनवलस कीर्तिमान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.