[the_ad_group id="30365"]

CBSE Exams : परीक्षा में फोन के संगे पकड़ल गइला पs दु साल के प्रतिबंध, अउरियो इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन पs रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share


केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) के 10वीं आ 12वीं के परीक्षा में मोबाइल फोन सहित आउर इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन के इस्तेमाल पs रोक रही। जदि कवनो छात्र मोबाइल फोन भा इलेक्ट्रॉनिक उपकरण के संगे पकड़ल गइल, तs ओकरा के दु साल तक परीक्षा खातिर प्रतिबंधित कs दिहल जाई। अभी अइसन ममिलन में एक साल तक परीक्षा देला पs रोक बा। इहे ना, अफवाह फइलावे के अनुचित साधनन में सामिल कइल गइल बा।

सीबीएसई के परीक्षा नियंत्रक डॉ. संयम भारद्वाज बतवलें कि परीक्षा केंद्र पs कवनो प्रकार के इलेक्ट्रॉनिक उपकरण उपयोग करे भा अपना लगे रखला पs छात्र ना खाली एह साल, बलुक अगिला बरिस तक परीक्षा ना दे सकी लो।

ऊ बतवलें कि पिछला कइयन बरिसन में छात्रन के ओर से सोशल मीडिया पs परीक्षा के लेकर गलत अफवाह फइलावे के घटना सामने आवत रहल बा। अइसन में एकरा के रोके खातिर सीबीएसई सोशल मीडिया पs परीक्षा के लेके अफवाह फइलावे के अनुचित साधनन के नियम में सामिल कइले बा।

परीक्षा केंद्रन पs लागी सीसीटीवी कैमरा

सीबीएसई बोर्ड के परीक्षा 15 फरवरी से सुरू होई। डॉ. भारद्वाज बतवलें कि अबकी बेर परीक्षा में निष्पक्षता, बेहतर निगरानी आ पारदर्शिता सुनिश्चित करे खातिर केंद्रन पs सीसीटीवी कैमरा लागल होई।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]