गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के राजनीति विज्ञान विभाग में प्रस्तावित पुरातन छात्र परिषद सम्मेलन के संबंध में सहायक आचार्य डॉ. अमित कुमार उपाध्याय के संयोजन में अतवार के गूगल मीट के माध्यम से बैठक कइल गइल। एह दौरान कार्यक्रम के रूप रेखा आ तिथियन के लेके चरचा भइल। देस-बिदेस से जुड़ल पुरातन छात्रन से विचार विमर्श के बाद ई तय भइल कि आयोजन अप्रिल में होई।
बैठक के संबोधित करत सहायक आचार्य डॉ. अमित कुमार उपाध्याय कहलें कि हमनी सभे के सक्रिय सहभाग, सहजोग आ स्नेहपूर्ण उपस्थिति के बिना पुरातन छात्र सम्मेलन सफल आ यादगार नइखे बन सकत। ऊ तमाम व्यस्तता होखला के बादो समय निकाल के जुड़ल सब पुरातन छात्रन से कहलें कि रउआ सभे पुरान रिश्तन के दोबारा जिंदा कs के नया ऊर्जा प्रदान कइले बानी। ई पुरातन सम्मेलन एह रिश्ता के आउर मजबूत करी।
सब केहू राजनीति विज्ञान विभाग के अध्यक्ष प्रो रजनीकांत पाण्डेय के एह अभिनव पहल खातिर धन्यवाद ज्ञापित कइल आ कार्यक्रम में सामिल होखे खातिर प्रतिबद्धता व्यक्त कइल।
बैठक के समापन विभाग के दिवंगत आचार्य प्रो. राजेश कुमार सिंह के स्मृति में दू मिनट के मौन रख के कइल गइल।
ई लोग रहे उपस्थित
बैठक में डॉ. अमित उपाध्याय, अजय शुक्ल, मधुसूदन सिंह, ममता मणि त्रिपाठी, गौरी पाण्डेय, अरविंद पाण्डेय, वैभव मणि त्रिपाठी, डॉ. शशिकांत, पूजा सहित चालीस से जादे पुरातन छात्र जुड़ल लोग।
Read Also: Fake Currency : अमृतसर में मिलल जाली नोट के खेप, पाकिस्तान पs गंभीर आरोप








