No Kings Rallies : ईरान जंग मुद्दा पs अमेरिका-यूरोप में ट्रंप के खिलाफ जबरदस्त विरोध 

By Shweta Supriya

Published on: Mar 29, 2026

नई दिल्ली। ईरान के संगे जंग के मुद्दा पs पूरा अमेरिका आ यूरोप में अमेरिकी राष्ट्रपति डोनल्ड ट्रंप के खिलाफ जबरदस्त विरोध देखे के मिल रहल बा। सनिचर के भइल “नो किंग्स” रैली में लाखन

Share

नई दिल्ली। ईरान के संगे जंग के मुद्दा पs पूरा अमेरिका आ यूरोप में अमेरिकी राष्ट्रपति डोनल्ड ट्रंप के खिलाफ जबरदस्त विरोध देखे के मिल रहल बा। सनिचर के भइल “नो किंग्स” रैली में लाखन लोग जुटल आ ट्रंप सरकार के डेग के खिलाफ आवाज उठवलस।

मिनेसोटा एह प्रदर्शन के मुख्य केंद्र रहे। सेंट पॉल शहर में मिनेसोटा कैपिटल के लॉन आ आसपास के सड़कन पs हजारन लोग एकजुट होके खड़ा रहे। कइयन लोग उल्टा अमेरिकी झंडा लहरावत दिखल, जवन इतिहास में संकट के संकेत मानल जाला।

90 लाख लोगन के जुटे के उम्मेद

आयोजकन के कहनाम बा कि “नो किंग्स” रैली के पहिला दौर में जून में 50 लाख से जादे आ अक्टूबर में करीब 70 लाख लोग सामिल भइल रहे। अबकि बेर आयोजकन के उम्मेद बा कि लगभग 90 लाख लोग सामिल हो सकेला, हालांकि अभी पक्का आंकड़ा सामने नइखे आइल।

बतावल गइल कि अमेरिका के सब 50 राज्यन में 3,100 से जादे कार्यक्रम रजिस्टर्ड भइल। व्हाइट हाउस के प्रवक्ता एबिगेल जैक्सन एह विरोध के वामपंथी फंडिंग नेटवर्क के असर बतवली। ऊ कहली कि एह रैली के कवरेज बस कुछ पत्रकारन खातिर मायने राखेला।

ओहिजा नेशनल रिपब्लिकन कांग्रेसनल कमिटियो एह प्रदर्शन के कड़ा आलोचना कइलस। एनआरसीसी के प्रवक्ता मौरीन ओ’टूल कहली कि एह रैली में धुर-वामपंथी सोच के बढ़ावा मिल रहल बा।

दुनिया के कइयन देसन में होई प्रदर्शन

एह आंदोलन के अगुवाई करे वाला समूह के सह-कार्यकारी निदेशक एजरा लेविन बतवलें कि यूरोप से लेके लैटिन अमेरिका आ ऑस्ट्रेलिया तक कइयन देसन में रैली आयोजित करे के योजना बा। ऊ बतवलें कि जवनर देस में संवैधानिक राजतंत्र बा, उहां एह प्रदर्शन के “नो टाइरेंट्स” नाम दिहल गइल बा।

रोम में प्रदर्शनकारी लोग ईरान पs इजरायल आ अमेरिका के हमला के विरोध कइलस आ जंग से मुक्त दुनिया के मांग कइलस। ओहिजा लंदन में लोग बैनर लेके प्रदर्शन कइलस, जवना पs लिखल रहे “अति-दक्षिणपंथ रोकs” आ “नस्लवाद के खिलाफ खड़ा होखs।” एह तरे ईरान जंग के मुद्दा अब अंतरराष्ट्रीय स्तर पs बड़ विरोध के रूप ले लेले बा।

Read Also: Hanuman Jayanti : हनुमान जयंती कब मनावल जाई? जान लीं पूरा जानकारी 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.