[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय : सात छात्रन के भइल कैंपस चयन, 6.60 लाख के मिलल सालाना पैकेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर विश्वविद्यालय के सात गो विद्यार्थियन के सालाना 6.60 लाख के पैकेज के साथे जॉब ऑफर मिलल बा। ग्रेटर नोएडा के कंपनी लीवरेज एडटेक प्राइवेट लिमिटेड एसोसिएट बिजनेस डेवलपमेंट के पद के चयन कइले बिया।

ई साक्षात्कार 24 मई के ऑनलाइन मोड में विश्वविद्यालय के प्रशिक्षण आ प्लेसमेंट सेल द्वारा कइल गइल। लीवरेज एडटेक प्राइवेट लिमिटेड, ग्रेटर नोएडा तीन चरण में एसोसिएट बिजनेस डेवलपमेंट के पद खातिर सात गो विद्यार्थियन के चुनले बा।

एहमें बीबीए के आयुष विश्वकर्मा, एमकॉम के हिमालिका सरीन, एमए के शिखा मिश्रा, बीकॉम के मुस्कान सिंह, प्राची श्रीवास्तव, तुलिका श्रीवास्तव आ तान्या चौरसिया के नाम शामिल बा।

सभका चयन पे बिजनेस एडमिनिस्ट्रेशन विभाग के विभागाध्यक्ष डॉ. सत्यपाल सिंह आ समन्वयक डॉ. स्वर्णिमा सिंह ओह लोग के उज्जवल भविष्य खातिर शुभकामना दिहलन।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]