[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: चौरीचौरा में तैनात महिला सिपाही के डेंगू से मौत, जिला में मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जौनपुर के मूल निवासी अउर चोरी चोरा थाना में तैनात सिपाही प्रियंका सिंह के बुध के डेंगू से मौत हो गइल। 3 दिन पहिले तबीयत खराब होखले पर उनके जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। जहां उनकर स्थिति खराब होखले पर बुध के सुबह लखनऊ रेफर कर दिहल गइल।
लखनऊ ले जात समय रास्ता में ही प्रियंका दम तूड़ दिहली। 2011 बैच के सिपाही प्रियंका के पति फार्मासिस्ट हवे अउर 3 साल के बच्चा अउर पति के साथ हो किराए के कमरे में रहत रहली। एसपी नार्थ मनोज अवस्थी मौत के पुष्टि कइलें।
बता देईं कि गोरखपुर जिले में अब ले करीब 200 डेंगू मरीज हो गइल बानें। एहमें एम्स की सूची शामिल नाइ बा काहेसेकि एम्स में भर्ती अउर इलाज करावे वाले मरीजन के सूची एम्स प्रशासन उपलब्ध नहीं करवले बा। ऐसे में मलेरिया विभाग के अधिकारी एम्स जइहें अउर रिपोर्ट लिहें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]