गोरखपुर: नौ नवंबर के गोरखपुर से बांद्रा खातिर चली स्पेशल ट्रेन, यात्रियन के मिली सहुलियत

Share

रेलवे प्रशासन यात्रियन खातिर होखे वाली अतिरिक्त भीड़ के ध्यान में रखत 05053/05054 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस-गोरखपुर स्पेशल के एक फेरा खातिर चलावे के निर्णय लिहले बानें। ई ट्रेन 9 नवंबर के गोरखपुर से अउर 10 नवंबर के बांद्रा टर्मिनस चलावल जाई।
05053 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस स्पेशल 9 नवंबर के गोरखपुर से सुबह 4.10 बजे प्रस्थान कर खलीलाबाद, बस्ती, गोंडा, ऐशबाग, कानपुर सेंट्रल, कन्नौज, फर्रूखाबाद, कासगंज, मथुरा जं., अछनेरा, भरतपुर, गंगापुर सिटी दूसरे दिन कोटा, रतलाम, वडोदरा, भरूच, सूरत, वापी, बोरीवली से छूट के बांद्रा टर्मिनस साँझ 4.00 बजे पहुंची।
वापसी में 05054 बांद्रा टर्मिनस-गोरखपुर स्पेशल 10 नवंबर के बांद्रा टर्मिनस से साँझ 7.25 बजे छूट के तीसरे दिन गोरखपुर भोरे 6.25 बजे पहुंची। ट्रेन में जेनरेटर सह लगेज यान के 02, साधारण द्वितीय श्रेणी के 03, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 12, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 04 अउर वातानुकूलित प्रथम श्रेणी के 01 कोच सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-