Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: राप्ती नदी में नहाए गइल दुगो छात्र डूबले, एगो भइल लापता

441

 

 

रामघाट राप्ती नदी में बुध के नहाए गइल तीन छात्रन में दुगो डूबले। एगो के बचा लेवल गइल। बाकिर, एगो छात्र नदी में लापता हो गइल। एसडीआरएफ के टीम छात्र के तलाश में जुटल बा।
जानकारी के मोताबिक, बांसगांव थाना क्षेत्र के महादेवा बाजार रघुनाथपुर निवासी रामचंद्र शुक्ल परिवार के साथे गीडा क्षेत्र के बांसपार में किराया के कमरा लेके बाड़े अउर गीडा स्थित एगो फैक्ट्री में काम करत रहले। रामचंद्र के तीन बेटा में बड़ बेटा 20 साल के आदित्य शुक्ला गीडा इस्थित के आईपीएम में बीसीए द्वितीय वर्ष के छात्र बा। मझीला बेटा 17 साल नितेश हाईस्कूल में पढ़त बा। बाकिर सबसे छोट बेटा आठ साल प्रियांशु कक्षा दु में बा।

बुध के शाम के बड़ बेटा आदित्य भाई नीतेश अउर दोस्त कार्तिक त्रिपाठी के साथे राप्ती नदी के रामघाट पs पहुंचलस। आदित्य अउर नीतेश नदी में नहाए चल गइल अउर कार्तिक बाहर बइठ गइल। नहाये के दउरान दुनो गहीर पानी में चल गइलस अउर डूबे लागल। चिल्लाये पs बहरामपुर दक्षिणी निवासी शिव निषाद  नदी में कूदके नीतेश के जान बचा लेवल गइल। बकिर आदित्य लापता हो गइल। सूचना पs नौसड़ चौकी इंचार्ज अनूप सिंह मौके पs पहुंचे अउर एसडीआरएफ के टीम से नदी में लापता छात्र के तलाश शुरू करावल गइल।

604170cookie-checkGorakhpur News: राप्ती नदी में नहाए गइल दुगो छात्र डूबले, एगो भइल लापता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.