Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर : ट्रेनन के समय के रिशेड्यूलिंग, बदलल रूट से होई संचालन

158

गोरखपुर: दक्षिण पूर्व मध्य रेलवे के रायपुर आरवी ब्लॉक हट के मध्य दोहरीकरण आ यार्ड रिमाडलिंग के काम चलता। एह रूट पे प्री-नॉन इंटरलॉक आ नॉन इंटरलॉक के काम के चलते बहुते ट्रेनन के रिशेड्यूलिंग, शार्ट टर्मिनेशन आ शार्ट ओरिजिनेशन कइल जाई। कुछ ट्रेनन के वैकल्पिक रूट से चली।

रेलवे के ओर से जारी जानकारी के मुताबिक 04 आ 06 मई के छपरा से चले वाला 15159 छपरा-दुर्ग एक्सप्रेस के 02 घंटा खातीर फेर से तय कईल जाई। 09 मई के छपरा से रवाना होखे वाला 15159 छपरा-दुर्ग एक्सप्रेस के 03 घंटा खातिर फेर से तय क दिहल जाई। 04 मई के दुर्ग से निकले वाला 15160 दुर्ग-छपरा एक्सप्रेस के मार्ग गोंड़िया-जबलपुर-कटनी होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई। 09 मई के दुर्ग से निकले वाला 15160 दुर्ग-छपरा एक्सप्रेस के गोंडिया-जबलपुर-कटनी होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई। 04 से 09 मई तक गोंडिया से रवाना होखे वाला 15232 गोंडिया-बरौनी एक्सप्रेस के गोंडिया-उसलापुर-कटनी होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई। बरौनी से 03 मई से 08 मई तक रवाना होखे वाला 15231 बरौनी-गोंडिया एक्सप्रेस के अपना निर्धारित रूट कटनी-उसलापुर-रायपुर के जगह कटनी-जबलपुर-नैनपुर होके डायवर्ट क दिहल जाई। एकरा अलावे 08 मई के लखनऊ जंक्शन से निकले वाला 12535 लखनऊ जंक्शन-रायपुर एक्सप्रेस उसलापुर में शॉर्ट टर्मिनेशन हो जाई। 09 मई के रायपुर से रवाना होखे वाली 12536 रायपुर-लखनऊ जंक्शन एक्सप्रेस उसलापुर के ओर से चलावल जाई।

 

साभार- अमर उजाला

535030cookie-checkगोरखपुर : ट्रेनन के समय के रिशेड्यूलिंग, बदलल रूट से होई संचालन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.