[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: हरित क्षेत्र के श्रेणी से हटी सिंघड़िया…

GORKHPUR
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम योगी आदित्यनाथ के पहल पs सिंघडिया (महादेव झारखंडी टुकड़ा नम्बर-दू) के जनता के बड़ी राहत मिले जा रहल बा। पिछला चालीस साल से हरियर इलाका में बनल कालोनी पs जवन गड़बड़ी के दाग बा उऽ हट जाई आ एहिजा नक्शा पारित होखे लागी। आवासीय हरित क्षेत्र में बनल कॉलोनी के मास्टर प्लान-2031 में शामिल करे के तइयारी शुरू हो गइल बा।

सीएम सिंघडिया के जनता से मिल के आश्वासन देले। सीएम के निर्देश के पालन करत डीएम योजना तइयार कइले बाड़े। योजना के मुताबिक जवना इलाका के इ कालोनी बनावल जाई, उहे इलाका के नाया जमीन के हरी क्षेत्र में शामिल कइल जाई। एकरा से 1500 से अधिका मकान के फायदा होखे के उम्मेद बा। गोरखपुर विकास प्राधिकरण आपन प्रस्ताव तइयार कऽ के सरकार के भेज दी। सिंघाड़िया लोग शुक के मुख्यमंत्री से मुलाकात कइले रहले। ओह लोग के बात सुनला के बाद सीएम अतना भारी आबादी वाला इलाका के ग्रीन जोन में शामिल कइला पर अचरज जतवले।

सीएम सिंघड़िया लोग के राहत देबे के भरोसा दिहले रहले आ आयुक्त आ जीडीए के वीसी के एकरा खातिर कवनो राह खोजे के निर्देश दिहले रहले। एकरा बाद अब सिंघाडिया में बनल कालोनी के आवासीय कालोनी के श्रेणी में ले आवे के तइयारी हो गइल बा। जल्दिये एगो प्रस्ताव बनावल जाई आ सरकार के भेज दिहल जाई।

सीएम सिंघडिया के लोग से बात कऽ के हरित क्षेत्र में बनल मकान के आवासीय क्षेत्र के श्रेणी में ले आवे के तरीका खोजे के निर्देश देले रहले। हरित क्षेत्र के आवासीय क्षेत्र में बदले के प्रस्ताव सरकार के भेजल जाई। अनुमति मिलला पs एकरा के मास्टर प्लान-2031 में शामिल कर दिहल जाई।

कृष्णा करुणेश, डीएम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]