[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: अब जाम के समस्या दूर होई, राप्ती नदी पs नया पुल के निर्माण शुरू हो जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुल निगम के प्रस्ताव के मुताबिक दु लेन वाला दुनो पुल के लंबाई 412.92 मीटर अउरी चौड़ाई 12 मीटर होई। पुल के निर्माण में करीब 289 करोड़ रुपया के लागत आई। एकतरफा (अपस्ट्रीम) पुल के निर्माण में 103.92 करोड़ रुपया के लागत आई, जवना में से 36.37 करोड़ रुपया के मंजूरी दिहल गइल बा।

गोरखपुर-वाराणसी मार्ग आ गोरखपुर-अयोध्या मार्ग से नौसढ़ के ओर जाए वाला गाड़ियन के अब राप्ती पुल का लगे जाम के सामना ना करे के पड़ी ।गाड़ी तेज रफ्तार से गुजरीहें ।एकरा खातिर राप्ती नदी के राजघाट पर मौजूदा पुल के दुनो ओर दु लेन के नाया पुल बनावल जाई।

पहिला चरण में उत्तर दिशा में पुल बनावे के काम शुरू हो गइल बा। बरखा के बाद काम तेज होई, दु साल में तैयार हो जाई। दू गो नया पुल बनवला का बाद राप्ती नदी पर आठ लेन वाला पुल बनावल जाई ।वर्तमान में दू गो पुल के दू गो लेन बा। पुल निगम के ओर से पुल के निर्माण खातीर सर्वेक्षण आ निशान लगावल गइल बा।

मौजूदा पुल के उत्तरी ओर दु लेन के नया पुल बनावल जाई। खंभा बनावे के काम शुरू हो गइल बा। संगही, खंभा बनावे खातीर सामग्री जुटावे के काम शुरू हो गइल बा। बरखा के बाद नदी में खंभा बनावे के काम हो जाई।

पुल निगम के प्रस्ताव के मुताबिक दु लेन वाला दुनो पुल के लंबाई 412.92 मीटर अउरी चौड़ाई 12 मीटर होई। पुल के निर्माण में करीब 289 करोड़ रुपया के लागत आई। एकतरफा (अपस्ट्रीम) पुल के निर्माण में 103.92 करोड़ रुपया के लागत आई, जवना में से 36.37 करोड़ रुपया के मंजूरी दिहल गइल बा।

एही तरे दूसरा ओर (डाउन स्ट्रीम) के पुल के निर्माण में 117.99 करोड़ रुपया के लागत आई। एकरा खातिर पहिला किस्त के रूप में 41.29 करोड़ रुपया जारी कइल गइल बा। दुनो ओर से पुल बनावे के प्रभाव में आवे वाला भवन के मुआवजा खातीर 67.65 लाख रुपया के प्रावधान कइल गइल बा।

परियोजना प्रबंधक सेतु निगम एके सिंह बतवले कि राप्ती नदी पs दु-दु लेन के दुगो नाया पुल बनावे के बा। फिलहाल मौजूदा पुल के उत्तरी ओर दु लेन वाला पुल बनावे के तैयारी चलता। बरखा के बाद काम तेज हो जाई। दू साल में एकरा के बनावे के लक्ष्य तय कइल गइल बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]