Gorakhpur News: सीएम योगी के निर्देश, फोरलेन खातिर ना टूटी मकान

Cm yogi

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि अब फोर लेन के निर्माण के चलते केहु के घर ना गिरावल जाई। भलही फोर लेन के नक्शा बदले के पड़े। एकरा खातिर हम अधिकारियन के निर्देश देले बानी। एकरा संगे-संगे सर्कल रेट से चार गुना मुआवजा देवे के निर्देशो दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री गांव के लोग से गोहार लगवले कि जमीन के मुआवजा के पइसा से दूर-दराज के इलाका में खेत खरीदे आ कुछ नाया कामो शुरू करस। एहसे आवे वाली पीढ़ी खुश हो जाई।

सीएम योगी शुक के पिपराइच विधानसभा क्षेत्र के सोनबरसा में 535 करोड़ रुपया के पांच विकास परियोजना के शिलान्यास आ उद्घाटन के बाद जनता के संबोधित करत रहले। असुरन-पिपराइच, बालापर टिकरिया फोर लेन के निर्माण के दौरान कस्बा में घर सड़क के नक्सा में आवत रहे।

इहाँ के लोग मुख्यमंत्री से मिल के कस्बा में रोड मैप बदल के बाईपास बनावे के निहोरा कइले रहले। मुख्यमंत्री बियफे के दिने मंच से साफ कऽ दिहलन कि केहू के घर ना गिरे दिहल जाई।

चिलुआतल के पर्यटन के नया केंद्र बनावल जाई

मुख्यमंत्री कहले कि रामगढ़तल के तर्ज पs चिलुआतलो के पर्यटन के एगो नाया केंद्र बनावल जाई। एकर तइयारी शुरू हो गइल बा। रामगढ़ताल में हर दिन 20-25 हजार लोग घूमे खातिर जाला। एही तरे एह इलाका के लोग के पर्यटन खातिर नया जगह मिल जाई। एकरा से रोजगार के संभावनो बढ़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-