‘जइसे खेल खातिर काम कइनीं ओहींग जनता खातिर करब’- विनेश फोगाट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

ओलंपिक खिलाड़ी विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया आज नई दिल्ली में कांग्रेस में शामिल भइले।कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल के नेतृत्व में नई दिल्ली में एह संबंध में कांग्रेस के प्रेस कांफ्रेंस चल रहल बा। विनेश

Share

Vinesh Phogat join congress

ओलंपिक खिलाड़ी विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया आज नई दिल्ली में कांग्रेस में शामिल भइले।कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल के नेतृत्व में नई दिल्ली में एह संबंध में कांग्रेस के प्रेस कांफ्रेंस चल रहल बा। विनेश के हरियाणा विधानसभा चुनाव में जुलाना से टिकट मिल सकेला (हरियाना विधानसभा चुनाव 2024)। विनेश अउरी बजरंग नई दिल्ली में कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे से मुलाकात कइले।

हरियाणा विधानसभा चुनाव 2024 के बीच पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया नई दिल्ली में कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़े। कांग्रेस में शामिल होखे से पहिले विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया मल्लिकार्जुन खर्गे से उनका दिल्ली आवास प मुलाकात कइले। मुलाकात के बाद खड़गे अपना सोशल मीडिया पs एगो फोटो शेयर करत लिखले कि, ‘चक दे इंडिया, चक दे हरियाणा’। मल्लिकार्जुन खड़गे आगे लिखले कि हमनी के दुनु जाना पs गर्व बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.