Gorakhpur News: नगर निगम के आवंटित 21 दुकानन के आवंटन हो सकेला रद्द

Share

 

गोरखपुर : नगर निगम के ओर से आवंटित 21 दोकान के आवंटन रद्द हो सकता। ए दोकान के अप्रैल 2023 तक 34.79 लाख रुपया बकाया बा। एहमें असुरन पिपराइच रोड के पहिला मंजिल पs 16 गो, असुरन धर्मशाला पs 03 गो, हड़हवा फाटक पs 01 गो आ जुबली सिनेमा रोड के पहिला मंजिल पs 01 गो दुकान शामिल बा। अगर 03 जुलाई तक दोकान के बकाया जमा ना भईल त आवंटन रद्द करे के कार्रवाई कईल जाई। एकरा संगे निगम दोकान के अपना कब्जा में लेके जमीन के विरुद्ध भू राजस्व वसूली खातीर बकाया पs कार्रवाई करी।मुख्य आकलन अधिकारी कुमार असीम रंजन बतवले कि असुरन पिपराच रोड ले आईल दुकान नंबर 10 मुक्ता राय, दुकान नंबर 11 हरि नारायण लाल श्रीवास्तव, दुकान नंबर 13 चित्रलेखा देवी, दुकान नंबर 15 जुगनू पांडेय, दुकान नंबर 19 तनवीर महमूद, दुकान नंबर 24 बलजीत, दुकान नम्बर 25 अख्तर अली, दुकान नम्बर 40 अमीन आ दुकान नम्बर 65 सुशील पाठक। एहि तरे दुकान संख्या 68 असुरन धर्मशाला मनोज कुमार, दुकान संख्या 71 मेसर्स शर्मा एजेंसी, दुकान संख्या 73 मेसर्स शर्मा एजेंसी, दुकान संख्या 74 अमरनाथ, दुकान संख्या 78-79 जितेन्द्र प्रसाद चंद, दुकान संख्या 82 शेषनाथ सिंह, दुकान संख्या 83 शेषनाथ सिंह, दुकान संख्या 70 आशा देवी गुप्ता, दुकान संख्या 85 अशोक कुमार, दुकान संख्या 35 हड़हवा फाटक अनारकली आ दुकान संख्या 19 जुबली सिनेमा रोड प्रथम मंजिल महासचिव के नाम पs आवंटित बा । ए सभ लोग के नियत तिथि ले आपन बकाया चुकावे के होई। बतावल गइल कि एकरा बाद कवनो चिट्ठी नोटिस भा वसूली खातिर ना भेजल जाई।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-