[the_ad_group id="30365"]

भव्यता के संगे आयोजित होई गोरखपुर लिटफेस्ट, सम्पन्न भइल पहिला तैयारी बइठकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साहित्य संस्कृति अउर विचारों के महाकुंभ गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के आयोजन आगामी 07 अउर 08 जनवरी 2023 के होई। एह आयोजन में देशभर से नामी साहित्यिक, सांस्कृतिक, अउर कला जगत से जुड़ल हस्ती लोग के जुटान होखे के बा।

स्थानीय होटल विवेक में जीएलएफ आयोजन समिति के पहिला तैयारी बइठकी भइल। बइठकी में आयोजन समिति के अध्यक्ष डा. हर्षवर्धन राय, सचिव डा. संजय श्रीवास्तव, कन्वीनर अचिन्त्य लाहिड़ी, शैवाल शंकर अउर आयोजन समिति के अनुपम,शबनम श्रीवास्तव कार्यक्रम के रूपरेखा, व्यवस्था अउर लिटफेस्ट के सत्र के विषय में जानकारी देत बतावल लोग कि एह बेर लिटफेस्ट में केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान, राज्यसभा के उपसभापति हरिबंश, साहित्य अकादमी के पूर्व अध्यक्ष प्रो. विश्वनाथ तिवारी, साहित्यकार मृदुला गर्ग, अनामिका, राजनेता सलमान खुर्शीद, सुधांशु त्रिवेदी, वरिष्ठ पत्रकार अजय सिंह, आलोक मेहता, ऋचा अनिरुद्ध, राणा यशवंत बॉलीवुड अभिनेत्री दीप्ति नवल, गायन क्षेत्र से मालिनी अवस्थी, अविनाश नारायण, ब्रजेश शांडिल्य, साहित्यकार ऋषिकेश सुलभ, गीताश्री, जयन्ती रंगनाथन, यतीन्द्र मिश्र, बालेंदु द्विवेदी, अदिति माहेश्वरी गोयल, चन्द्रशेखर वर्मा सहित बड़ संख्या में साहित्यकार, कलाकार, संस्कृतिकर्मी अउर पत्रकार आदि लोग शामिल होइहें।

आयोजक लोग बतावल कि लिटफेस्ट में साहित्य, संस्कृति, पत्रकारिता, स्त्री विमर्श, सिनेमा आदि पर आधारित कई अलग-अलग सत्र अउर प्रदर्शनियन के आयोजन कइल जाई।

बैठक में उपस्थित सदस्य लोग आयोजन के बेहतरी के ले के आपन-आपन सुझाव साझा कइल। एह अवसर पर शहर के बड़ संख्या में साहित्यकार, संस्कृतिकर्मी अउर रंगकर्मी लोग उपस्थित रहलें लोग।

डॉ रजनीकांत स्मृति युवा रचनाकार अउर फोटो जर्नलिस्ट डॉ राजीव केतन के स्मृति में होई कैलिग्राफी चित्रकला प्रतियोगिता

आयोजकन के कहनाम बा कि एह बेर के लिटरेरी फेस्ट में शहर के युवा प्रतिभा के लेखन अउर कला में प्रोत्साहित करे खातिर डॉ रजनीकांत स्मृति युवा रचनाकार अउर फोटो जर्नलिस्ट डॉ राजीव केतन के स्मृति में कैलिग्राफी चित्रकला प्रतियोगिता के आयोजन कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]