[the_ad_group id="30365"]

बदल रहल बा गोरखपुर: पांच करोड़ से होइ शहर के प्रवेश द्वार के सुंदरीकरण, ग्रीन बेल्ट के करावल जाइ निर्माण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर महानगर के चार प्रवेश द्वार के दुनो ओर के सौंदर्यीकरण के काम नगर निगम से करावे के काम करी। लैंडस्केपिंग के संगे-संगे करीब आधा किलोमीटर के त्रिज्या में ग्रीन बेल्ट भी बनावल जाई। एह काम में चार करोड़ 95 लाख रुपिया खरच कइल जाई। महानगर के प्रवेश द्वार के दुनो ओर फुटपाथ के मरम्मत भी कईल जाई। दुनो ओर से इंटरलॉकिंग भी होई।

वायु प्रदूषण के रोके खातिर समय-समय पs पानी के छिड़काव कईल जाई। महानगर के चार प्रवेश द्वार पs लैंडस्केपिंग आ ग्रीन बेल्ट बनावल जाई नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बतवनी । सौंदर्यीकरण के संगे आकर्षक सजावट अवुरी रोशनी के व्यवस्था कईल जाई।

इहाँ काम हो जाई

– नंदानगर में छोटी लाइन से पुलिस चौकी तक के पटरी पs डस्ट मैनेजमेंट खातिर पक्का सड़क के निर्माण आ हवाई अड्डा तक ग्रीन बेल्ट विकसित करे के काम – 1.80 करोड़ रुपिया।

– गुलरिहा पुलिस चौकी के पास लैंडस्केपिंग एवं ग्रीन बेल्ट के निर्माण – 50 लाख रुपिया।

– राजघाट पुल के दुनो ओर लैंडस्केपिंग अवुरी ग्रीन बेल्ट के निर्माण – 1.3 करोड़ रुपिया

– महेसरा पुल के दुनो ओर लैंडस्केपिंग अवुरी ग्रीन बेल्ट के निर्माण – 1.35 करोड़ रुपिया

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]